AI Slop : सावधान! YouTube पs हर पांचवां वीडियो नकली, इंटरनेट पs बढ़ रहल बा ‘ब्रेन-रॉट’ के खतरा

Watching YouTube

Share

ए घरी इंटरनेट पs AI से बनल नकली कंटेंट तेजी से बढ़ रहल बा। OpenAI के Sora आ Google के Veo जइसन एडवांस टूल आ गइला के बाद AI वीडियो बनावल बहुत आसान हो गइल बा। एह टेक्नोलॉजी के नतीजा ई भइल बा कि YouTube पs अब बड़ संख्या में अइसन वीडियो दिख रहल बा, जवना के AI स्लॉप भा ब्रेन-रॉट कंटेंट कहल जा रहल बा।

वीडियो एडिटिंग कंपनी Kapwing के एगो नया रिपोर्ट में दावा कइल गइल बा कि YouTube पs मवजूद कुल कंटेंट में से करीब 21 प्रतिशत वीडियो AI स्लॉप के श्रेणी में आवेला।

कइसे भइल ई स्टडी?

Kapwing आपन रिसर्च खातिर एगो नया YouTube अकाउंट बनवलस, जवना में ना तs कवनो पुरान डेटा रहे आ ना कवनो पसंद-नापसंद। एकदम नया यूजर के नजर से एल्गोरिदम का दिखावेला, ई जांचे खातिर सुरुआती 500 शॉर्ट्स वीडियो देखल गइल।

पहिलका 16 वीडियो में AI स्लॉप ना मिलल, बाकिर पूरा 500 वीडियो में से 104 वीडियो पूरा तरे AI से बनल पावल गइल। एकरा से साफ हो गइल कि AI जनरेटेड कंटेंट तेजी से प्लेटफॉर्म पs छा रहल बा।

AI स्लॉप सबसे जादे कवन देस में देखल जा रहल बा?

रिपोर्ट के मोताबिक, दक्षिण कोरिया AI स्लॉप देखे में सबसे आगे बा। उहां के टॉप AI जनरेटेड चैनलन के अभी ले 8.25 अरब व्यूज मिल चुकल बा। दक्षिण कोरिया के सबसे बड़ स्लॉप चैनल Three Minutes Wisdom अकेले 2.02 अरब व्यूज बटोर चुकल बा। एह चैनल पs अक्सर अइसन वीडियो होला, जवना में पालतू जानवरन के जंगली जानवरन से लड़त आ जीतत देखावल जाला।

एह लिस्ट में पाकिस्तान दूसरा नंबर पर बा, जहंवा AI स्लॉप चैनलन के 5.34 अरब व्यूज मिलल बा।
अमेरिका तीसरा स्थान पs बा, जहंवा अइसन चैनलन के 3.39 अरब व्यूज मिलल बा। अमेरिका के टॉप स्लॉप चैनल Cuentos Facientes 1.28 अरब व्यूज जुटा चुकल बा आ अनुमान बा कि एह से क्रिएटर्स के 2.66 मिलियन डॉलर तक कमाई भइल बा।

ऑफिस वर्क में घुसल AI स्लॉप

AI स्लॉप अब खाली वीडियो तक सीमित नइखे। रिपोर्ट बतावता कि मई 2025 तक इंटरनेट पs मौजूद लिखित कंटेंट में से 50 प्रतिशत से जादे कंटेंट AI से लिखल मानल जा रहल बा। अमेरिका में 10 में से 4 कर्मचारी प्रोफेशनल काम में AI स्लॉप के शिकार हो रहल बाड़ें। खास कs के आईटी आ कंसल्टिंग सेक्टर पs एकर के असर जादे देखे के मिल रहल बा। ई अइसन कंटेंट होला जवन देखला में प्रोफेशनल लागेला, बाकिर असली काम में कवनो ठोस फायदा ना देला।

TikTok उठवलस डेग

जहां YouTube पs AI स्लॉप तेजी से बढ़ रहल बा, ओहिजा TikTok एकरा से निपटे खातिर कुछ नया फीचर लॉन्च कइले बा। TikTok अब यूजरन के अइसन टूल दे रहल बा, जवना से ऊ अपने फीड में AI से बनल कंटेंट के पहचान सकत बा लोग आ चाहे तs ओकरा के कम देखे के विकल्पो चुन सकत बा लाेग।

आगे के चुनौती का बा?

AI कंटेंट एक ओरि जहां क्रिएशन के आसान बना रहल बा, ओहिजा क्वालिटी आ भरोसा पs बड़ सवाल खड़ा कs रहल बा। आवे वाला समय में डिजिटल प्लेटफॉर्मन खातिर सबसे बड़ी चुनौती ई होई कि असली, भरोसेमंद आ उपयोगी कंटेंट के AI स्लॉप से अलग कइसे रखल जावs।

साभार : अमर उजाला

Read Also: Amit Shah Slams Mamata Banerjee : ‘डर आ भ्रष्टाचार पश्चिम बंगाल के पहचान बन गइल बा’, ममता बनर्जी पs भड़कलें अमित शाह

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-