सुपर-8 में जगह पक्का कइला के बाद अमेरिका कइलस एगो आउर कमाल, टी20 वर्ल्ड कप 2026 खातिर कइलस सीधा क्वालीफाई

Share

टी-20 वर्ल्ड कप 2024 में शुक के बारिश के चलते आयरलैंड आ अमेरिका के आखिरी ग्रुप स्टेज मैच रद्द हो गइल। मैच रद्द होखला से अमेरिकी टीम के फायदा भइल आ उऽ पांच अंक के साथे सुपर-8 खातिर क्वालीफाई कऽ गइल। उहे पाकिस्तान के उम्मीदन के करारा झटका लागल आ टूर्नामेंट में सफर खत्म हो गइल। अमेरिका साल 2026 टी20 वर्ल्ड खातिरो क्वालीफाई कऽ लेलस।

टी-20 वर्ल्ड कप 2024 में शुक के बड़ उलटफेर देखे के मिलल। बरखा के चलते अमेरिका आ आयरलैंड के मैच रद्द हो गइल। एकरा से एगो अंक लेके अमेरिका सुपर-8 में जगह पक्का कऽ लेलस आ पाकिस्तान बाहर हो गइल। इहे ना सुपर-8 में जगह पक्का कइला बाद यूएसए टूर्नामेंट के 2026 संस्करण खातिर सीधा क्वालीफाई कऽ लेलस।

टी20 वर्ल्ड कप 2026 भारत आ श्रीलंका में आयोजित कइल जाई। दुनु टीम एकरा के बड़ आयोजन के मेजबानी करे के कारण सीधा टूर्नामेंट खातिर क्वालीफाई करी। सुपर-8 में शामिल सात आउर टीम सीधा टूर्नामेंट खातिर क्वालीफाई करी। 30 जून, 2024 ले ICC T20I रैंकिंग में सर्वोच्च स्थान पs रहे वाली तीनो टीम टूर्नामेंट खातिर क्वालीफाई करी।

12 टीम करी सीधा क्वालीफाई

आईसीसी के अनुसार, टॉप 8 में आवे वाली टीम के टूर्नामेंट के अगिला संस्करण खातिर सीधा क्वालीफिकेशन मिली। टूर्नामेंट में 20 टीम भाग लिही, जवना में से 12 के सीधा क्वालीफिकेशन मिली आ आठ टीम के फैसला क्वालीफायर के जरिए  कइल जाई। शुक के फ्लोरिडा में आयरलैंड के खिलाफ अंतिम ग्रुप चरण के मैच बारिश के कारण रद्द होखला के बाद अमेरिका सुपर-8 में जगह बनाई।

रोम में खेलल जाई रीजनल क्वालीफायर-ए

आईसीसी टी 20 वर्ल्ड कप यूरोप सब रीजनल क्वालीफायर एह ऐतवार के रोम में शुरू होई। इतालवी राजधानी में दू स्थानन पs 10 टीम प्रतिस्पर्धा करी, जवना के लक्ष्य अगिला बरिस होखे वाला यूरोप क्वालीफायर आ क्वालीफायर के अगिला दौर में पहुंचल बा। रोमा क्रिकेट ग्राउंड आ सिमर क्रिकेट ग्राउंड में सात दिन तक चले वाली प्रतियोगिता में कुल 24 मैच खेलल जाई।

ई क्षेत्रीय टीम लीहें हिस्सा

इटली में ऑस्ट्रिया, फ्रांस, हंगरी, आइल ऑफ मैन, इजरायल, लक्जमबर्ग, पुर्तगाल, रोमानिया आ तुर्किए के टीम भाग लीहें। एही तरे, उप-क्षेत्रीय क्वालीफायर आउर आईसीसी क्षेत्रन में 2024 के अंत में आयोजित कइल जाई, तथा उनका से संबंधित क्षेत्रीय फाइनलो 2025 में आयोजित कइल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-