हिंदी सिनेमा के कई गो अइसन सितारा रहल बाड़े जे परदा पs आपन पहचान बना लिहले बाड़े। अब कुछ सितारा एह दुनिया में ना होखस बाकिर सिनेमा में ओह लोग के विरासत हमेशा याद राखल जाला। चाहे दिलीप कुमार, अमिताभ बच्चन, राजेश खन्ना, राज कपूर भा देव आनंद। सिनेमा में एह सितारन के विरासत अबहियो बरकरार बा बाकिर संपत्ति के मामिला में अब एह सितारन के विरासत अब खतम होखे वाला बा। दिग्गज अभिनेता देव आनंद के घर के भी 22 फ्लैट के अपार्टमेंट में बदलल जा रहल बा।
बतावल जाता कि देव आनंद अपना एगो साक्षात्कार में बतवले रहले कि उ जुहू में घर बनावे के फैसला एहसे कईले कि उनुका जंगल से प्यार हो गईल रहे। उ कहले रहले कि, हम आपन जुहू घर 1950 में बनवले रहनी। ओह घरी जुहू एगो छोट गाँव रहे आ ओहिजा पूरा जंगल रहे। हमरा त ई एहसे नीक लागेला कि हम अकेले बानी। जुहू में अब बहुत भीड़ हो गईल बा, खास तौर पs रविवार के दिन लोग से भरल रहेला। ई समुद्र तट अब पहिले जइसन नइखे रहि गइल। अब हमरा आइरिस पार्क आवास में पार्क नइखे, हमरा घर के सामने स्कूल आ चार गो बंगला बा।
सूत्र के कहनाम बा कि जवना मकान में आनंद 40 साल तक रहले, उ घर बेचल जाता, काहेंकी एकर देखभाल करेवाला केहु नईखे। उनुकर बेटा सुनील अमेरिका में रहेले जबकि बेटी देवीना महतारी कल्पना कार्तिक के संगे ऊटी में रहेले। मुंबई में संपत्ति के देखभाल करे वाला केहु नईखे अवुरी एहीसे उ लोग बंगला के बेचे के फैसला कईले बाड़े। उ एही कारण से महाराष्ट्र के पनवेल में भी कुछ संपत्ति बेच देले रहले। उल्लेखनीय बा कि देव आनंद पहिला अभिनेता नइखन जिनकर विरासत बेचल जा रहल बा। दोसर सितारन के धरोहर भी बिकाइल बा।
राजेश खन्ना
कार्टर रोड, बांद्रा में बॉलीवुड मेगास्टार राजेश खन्ना के मकान 95 करोड़ रुपिया में बिकाइल। दिवंगत अभिनेता बॉलीवुड के एगो अवुरी दिग्गज अभिनेता राजेंद्र कुमार से 6500 वर्ग फुट के ऐतिहासिक समुद्र के ओर मुँह करेवाला बंगला आशीर्वाद खरीदले रहले। हालांकि बाद में नयका मालिक के योजना के जगह बनावे खातीर घर के गिरा दिहल गईल।
अमिताभ बच्चन
मुंबई के पांच बिखराइल बंगला के मालिक अमिताभ बच्चन दिल्ली में आपन पैतृक संपत्ति बेचे के फैसला कईले। दक्षिण दिल्ली के पारिवारिक बंगला उ 23 करोड़ रुपिया में बेच देले रहले। किंवदंती बा कि सोपान के नाम से जानल जाए वाला एह बंगला में स्वर्गीय हरिवंश राय बच्चन काव्य गोष्ठी के आयोजन करत रहले।
दिलीप कुमार
बतावल जाता कि पाकिस्तान में दिलीप कुमार के चार मंजिला पैतृक मकान के अनुमान 80.56 लाख रुपिया में बेचल गईल। बॉलीवुड के दिग्गज अभिनेता अक्सर मोहल्ला खुदादाद के जगह के याद के बात करत रहले,जवन कि उनुकर घर रहे, जब तक कि 1935 में उनुकर परिवार भारत ना शिफ्ट ना हो गईल। खबर के मुताबिक खैबर पख्तूनख्वा सरकार अवुरी पैतृक घर के मालिक ए संरचना के संरक्षित करे के फैसला कईले बाड़े। एह से पेशावर के महत्व बढ़े के आ साथही पाकिस्तान के पर्यटन उद्योग मजबूत होखे के उमेद बा।