18 साल बाद एक सीध में होई 5 ग्रह

Share

अंतरिक्ष में 18 साल बाद एगो दुर्लभ खगोलीय नजारा लउकी। बुध, शुक्र, मंगल, बृहस्पति आ शनि ग्रह एक सीध में दिखाई दी। ई खगोलीय घटना 3 जून से सुरु होके पूरा महीना चली। एकरा के अगिला बेर अब साल 2024 में देखल जा सकी।

ई दुर्लभ नजारा दिसंबर 2004 में अंतिम बेर देखल गइल रहे। इहे ना एह साल बुध आ शनि के बीचे दूरियो बहुत कम होई। ‘नासा’ के मोताबिक, एह दुर्लभ नजारा के देखे ला दूरबीन के जरूरत होई। बुध ग्रह के तलाश खातिर क्षितिज के पुरुब इलाका कावर देखे के होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-