Aero India-2023: अगिले महीना में बेंगलुरु में होई एयरो इंडिया शो, रक्षा मंत्रालय के उम्मीद- टूटी पुरान कीर्तिमान

Share

एयरो इंडिया शो-2023 के आयोजन बेंगलुरु में 13 से 17 फरवरी ले होई। रक्षा मंत्रालय सोमार के ई एलान कइलस। मंत्रालय कहलस कि ई एयरो इंडिया के 14 वां शो ह। उम्मीद बा कि ई नया कीर्तिमान स्थापित करी। एहमें बड़ संख्या में मित्र देशन के प्रतिनिधि अउर सहभागी शामिल होइहें।

एयर शो में वैश्विक स्तर के रक्षा कंपनी सब अपने रक्षा उपकरण के प्रदर्शन करेने सब। एहमें भारतीय रक्षा कंपनी भी शामिल होले। शो में एयरोस्पेस क्षेत्र में होखे वाला बदलाव अउर विकास के प्रदर्शित कइल जाला। ई आयोजन बेंगलुरु के येलहंका वायु सेना स्टेशन पर होई।

पिछले साल एह शो के उदघाटन तत्कालीन राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद कइले रहनें। तीन दिन चलल एयरो इंडिया 2022 में 16000 से अधिक लोग प्रत्यक्ष तौर पर शामिल भइल रहनें अउर 4.50 लाख से अधिक लोग वर्चुअल माध्यम से एहसे जुड़ल। एहमें 55 देश के 84 विदेशी कंपनियन समेत 540 कंपनी शामिल भइल रहनें सब।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-