Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अपना बकेट लिस्ट में केरल बैकवाटर्स क्रूज के जरूर सामिल करीं, देखीं कम्प्लीट गाइड

4,717

केरल भारत के एगो अइसन राज्य बा जवन अपना प्राकृतिक छटा आ बैकवाटर खातिर समूचा दुनिया में मशहूर बा। खूबसूरत झील, नहर आ लैगून केरल आवे वाला सैलानियन के एतना पसंद आवेला कि उ कइयन-कइयन दिनन तक एह सब के बीच में भुला जाइल चाहेला। पर्यटकन के एही चाहतन के समाधान के दिशा में बढ़त एगो खूबसूरत खोज बा हाउसबोट क्रूज जवन इहां पs बैकवॉटर क्रूज कहल जाला। केरल के बैकवाटर में हाउस बोट से घूमत केरा के पत्ता पs खाना खाइल आ नारियल पानी पियल एगो सपना के सच होखे जइसन लागेला। रउआ जदि केरल आवे के बारे में सोच रहल बानी तs अपना बकेट लिस्ट में केरल बैकवाटर्स क्रूज के जरूर सामिल करीं, आ देखीं हमनी के ई कम्प्लीट गाइड जवन राउर यात्रा के मजेदार बना दी।

एक तरे से देखल जाव तs केरल राज्य खातिर मीठ पानी के सबसे प्रमुख स्रोत बैकवाटर हs जवन समुद्री वनस्पति आ जीवन के एगो विशाल स्थान बन गइल बा। पर्यटक दूर दूर से एही समुद्री वनस्पति आ जीव-जंतुअन के एह जगह पs देखे खातिर  आवेला लो आ हाउसबोट में ठहरेला लो। ई हाउसबोट कइयन-कइयन दिनन तक ओह लोगन घूमावेले आ रस्ता में आवे वाला सब जगहन के सैर करावेले। भारत में केरल आ कश्मीर खाली दुइये जगहन पs सबसे जादे हाउसबोट पावल जाला। केरल के पारंपरिक हाउसबोट के केट्टुवल्लम कहल जाला, जवन अलाप्पुझा, कोल्लम आ कुमारकोम में पावल जाला।

केरला बैकवॉटर्स के यात्रा कs के खूबसूरत अहसास के आनंद लिहल जा सकत बा।

धरती पs स्वर्ग के अहसास

सबसे पहिले ई समझ लीं कि बैकवाटर आखिर होला का? ई नदी के एगो हिस्सा होला जवन कि सक्रिय ना होला बाकिर जमीन से जुड़ल होखला के वजह से कइयन तरह के गतिविधियन के अनुकूल होला। ई जगह प्राकृतिक रूप से बहुते खूबसूरत होला आ एमे हाउसबोट आ छोट नाव चलत रहेला। जवना के सुविधा लेके पर्यटक नदी के किनारे से जुड़ल रोचक जगहन आ दृश्यन के देख सकत बा लो। ई धरती पs रहके स्वर्ग जइसन अहसास करावेला। केरल में कइयन तरे के क्रूज मवजूद बा जवना के चुनाव रउआ अपना मर्जी से कs सकत बानी।

बैकवाटर्स में क्रूज के मजा

बैकवाटर्स (Backwaters) में क्रूज में मजा लेवे खातिर रउआ कइयन तरे के सुविधा मिल जाई। रउआ अपना पसंद आ बजट के धेयान में राखत केरल हाउसबोट्स, डोंगी नावन आ एसडब्ल्यूटीडी के द्वारा संचालित सार्वजनिक घाट आदि के सुविधा ले सकत बानी।

केरल हाउसबोट। तस्वीर साभार: THE TRAVEL BLO

केरल हाउसबोट्स- (Kerla Housboats) केरला हाउस बोट में रउआ शांत बैकवाटर के अगरी-कगरी घूम सकत बानी। हाउसबोट कासरगोड, कोट्टायम, अलाप्पुझा, कोल्लम, त्रिशूर आ एर्नाकुलम में उपलब्ध बा। एगो औसत हाउसबोट लगभग 4-5 पर्यटकन के मेजबानी कs सकत बिया। औसत शुल्क लगभग 6000 से सुरू होला।

केतवुलम। साभार: Experience Kerla

डोंगी नाव (केतवुलम)- कैनो बोट्स भा केट्टुवलम के माध्यम से रउआ अगरी-कगरी के गांव के यात्रा पs जा सकत बानी। एगो डोंगी में 5-6 लोग सवार हो सकत बा आ 3-4 घंटा के धीमी यात्रा कs सकत बानी। डोंगी के प्रति व्यक्ति शुल्क लगभग 400-1000 रूपिया तक होला।

एसडब्लूटीडी द्वारा सार्वजनिक नौका- केरला राज्य जल परिवहन विभाग द्वारा नाव घाट आ नाव जेट्टी से नियमित अंतराल पs नौका चलावल जाली सs। एह नौकन के लागत बहुते कम होला। एकदमे बजट में जदि रउआ घूमे के मजा लेवे के बा तs ई एगो निमन विकल्प बा।

कोल्लम बैकवाटर्स अष्टमुडी

कोल्लम बैकवाटर्स (के क्विलोन के नामो से जानल जाला आ एकरा के केरल के बैकवाटर्स खातिर प्रवेश द्वार मानल जाला। एक तरे से देखल जाव तs ई केरल के कुछ महत्वपूर्ण बैकवाटर के मार्ग बा जवन कि चंदन, आइवरी, मसाला आ कॉयर के बेयपार आ निर्यात खातिर जानल जाला। ई बोट राइडिंग, प्राकृतिक सुंदरता, लुभावना दृश्य, कपल्स के घूमे खातिर अनुकूल वातावरण देवे ला प्रसिद्ध बा। एह स्थान पs एकांत में स्पार्कलिंग, शांति प्रिय झील आ नाव के सवारी के आनंद लिहल जा सकत बा।

कोल्लम बैकवॉटर्स। फोटो साभार: जस्ट केरला

अष्टमुडी बैकवाटर्स कोल्लम नाम आठ चैनलन से मिलके बनल बा आ एकरा क्रूज पैकेज खातिर रउआ 42,000, लक्जरी पैकेज खातिर 12,000 से 16,000 आउर मोटर सवारी खातिर रउआ 200 से 500 रूपिया प्रति तक के शुल्क अदा करे के होला।

एलेप्पी बैकवाटर पर्यटन के लीं मजा

केरल के बैकवाटर में सबसे पहिला नाम अल्लेप्पी के आवेला जवना के अलप्पुझा के नामो से जानल जाला। एह जगह पs यात्रा के दौरान रउआ प्राकृतिक हरियाली, नारियल के आकर्षित उद्यान, खूबसूरत धान के खेत आ द्वीप आदि देखे के मिलेला। ई कपल्स भा हनीमून मनावे वालन खातिर एगो सानदार डेस्टिनेशन साबित होला। नौका बिहार रउआ हर तरह के बजट में मिल जाई। हाउसबोट में मिले वाला सुविधन में बेडरूम, लिविंग, डाइनिंग रूम, एयर कंडीशनर आदि सामिल बा।

एलेप्पी बैकवाटर। फोटो साभार: ट्रिप एडवाइजर

रउआ चाहीं तs स्थानीय लोगन से मिल सकत बा, स्थानीय भोजन के स्वादो ले सकत बानी, स्थानीय क्षेत्र के कुछ प्रचलित कहानियन के सुन सकत बानी। एकर लक्जरी पैकेज 6,000 से 10,000 रूपिया तक होला।

कुमारकोम बैकवाटर्स (कोट्टायम)

केरला के कुमारकोम बैकवाटर्स एगो अइसन खूबसूरत जगह बा जवन पर्यटकन के मन मोह लेवेला। राज्य के सबसे बड़ ताजा  पानी के वेम्बनाड झील पs इस्थित कुमारकोम बैकवाटर्स केरला के सवारी बहुते रोमांचक आ यादगार होला। ई झील बैकवाटर के आनंद के संगे-संगे रउआ के बर्डवाचिंग के आनंद प्रदान करेला। रउआ रोमांटिक कैंडललाइट डिनर के आनंदो ले सकत बानी।

कुमारकोम बैकवाटर्स। फोटो साभार: कुमारकोम

एह दौरान द्वीपन पs इस्थित गांव के यात्रा कs सकत बाड़ें आ गांव के कॉटेज में ठहर सकत बा। लक्जरी पैकेज खातिर रउआ 8,000 से 14,000 रूपिया तक के भुगतान करे के पड़ी।

कुट्टनाद अलापुझा बैकवाटर

कुट्टनाद बैकवाटर केरल के एगो प्रमुख स्थान हs जहां सैलानियन के भीड़ लागल रहेला। कुट्टनाद बैकवाटर के सबसे खास बात बा कि ई स्थान समुद्र आ जमीन के बीच में इस्थित बा। हरल-भरल धान के खेत, स्वादिष्ट समुद्री भोजन, पारंपरिक स्थानीय संस्कृति के देखके राउर मन खुस हो जाई। एकर सबसे प्रमुख सवारी हाउसबोटिंग आ शिकारा हs। एह जगह पs रउआ प्रकृति के मनोरम दृश्यन के देख सकत बानी।

कुट्टनाद अलापुझा बैकवाटर। फोटो साभार: केरला ट्रेवल्

ई बहुते सुविधाजनक आ आरामदेह यात्रा खातिर जानल जाला।  कुट्टनाद बैकवाटर में लक्जरी पैकेज लगभग 14000 रूपए प्रति व्यक्ति बा।

तिरुवल्ला बैकवाटर त्रिवेंद्रम

तिरुवल्ला बैकवाटर त्रिवेंद्रम केरला के प्रमुख पर्यटन स्थलन में गिनल जाला। ई बैकवाटर अरब सागर आ पश्चिमी घाटी के संगे लागल जगहन खूबसूरती के दीदार करावेला। ई तिरुवल्लम वेली आ कोवलम के लगे बा जवना वजह से पर्यटकन के आवाजाही बनल रहेला। तिरुवल्ला बैकवाटर के यात्रा के दौरान रउआ हाउसबोट बुक कs सकत बानी, समुद्री तटन पs समय बिता सकत बानी, नेयार नदी के मुहाना देख सकत बानी, पिएटा चर्च घूमे जा सकत बानी।

तिरुवल्ला बैकवाटर त्रिवेंद्रम। फोटो साभार: केरला टूरिज्म

ई कयाकिंग, डोंगी सवारी, केतवुल्लम, पैडल बोटिंग, हाउसबोट, स्विमिंग पूल आ एकरा अलावे खूबसूरत पिकनिक स्पॉट खातिर प्रसिद्ध बा। मोटरबोट आ क्रूज खातिर रउआ में 1800 से 3000 रूपिया प्रति व्यक्ति के हिसाब से शुल्क देवे के होला।

केरल जाये खातिर हवाई मार्ग के इस्तेमाल कइल जा सकेला।

केरला बैकवाटर कइसे पहुंचीं 

हवाई मार्ग से केरला बैकवाटर जाये खातिर रउआ तिरुवनंतपुरम अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा आ कोच्चि अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा में से कवनो के चुनाव कs सकत बानी। केरल रेलवे स्टेशन देस के प्रमुख शहरन से बढ़िया तरे से संपर्क में बा, एहसे रउआ रेल मार्ग के माध्यम से आसानी से केरला पहुँच जायेम। जदि रउआ केरला सड़क मार्ग से जा रहल बानी तs हमनी के रउआ सभे के बता दीं कि राष्ट्रीय राजमार्ग संख्या 17, 47 आ 49 से एह जगह पs पहुंच सकत बानी। समुद्री मार्ग से केरला आवे वालन खातिर कोच्ची प्रमुख बंदरगाह हs।

नोट: ई लेख जानल मानल ट्रैवल ब्लॉगर संजय शेफर्ड जी के लिखल हs। 

संजय शेफर्ड जी के परिचय:

भारत के जानल-मानल ट्रेवल ब्लॉगर संजय शेफर्ड जुनूनी, जुझारू, आ जिंदादिल ट्रैवलर के रूप में प्रसिद्ध बानीं। संजय दुनिया के ओह गिनल-चुनल ट्रैवल ब्लॉगर के सूची में सामिल कइल जाला, जे कठिनतम परिस्थितियन में काम करत, अपना पैशन के जियेला। संजय ट्रैवल लेखक, ब्लॉगर के संगही एगो संवेदनशील कवियो बानी।

508390cookie-checkअपना बकेट लिस्ट में केरल बैकवाटर्स क्रूज के जरूर सामिल करीं, देखीं कम्प्लीट गाइड

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.