खत्म भइल इंतजार, धूम मचावे आ रहल आमिर खान संगे 10 नया स्टार्स, ‘सितारे जमीन पर’ के रिलीज डेट के भइल ऐलान

Share

साल 2007 के सुपरहिट फिल्म ‘तारे जमीन पर’ के आध्यात्मिक सीक्वल कहल जात बा. जइसहीं आमिर खान के फिल्म ‘सीतारे जमीन पर’ के एलान भइल, जनता में उत्साह बढ़ गइल. लोग फिल्म के रिलीज डेट के इंतजार करत रहले। अब ई इंतजार खतम हो गइल बा. फिल्म के पोस्टर के संगे फिल्म के आधिकारिक रिलीज डेट के घोषणा कईल गईल बा। फिल्म के पोस्टर में लीड हीरो आमिर खान देखाई देतारे। उनकर लुक ‘तारे जमीन पर’ के याद दिलावत बा. फिल्म के रिलीज डेट के बात कइल जाव तs डेढ़ महीना बाद रिलीज हो रहल बा. 

एकरा के एs दिने रिलीज कइल जाई

अब फिल्म के पहिला पोस्टर रिलीज हो गइल बा. प्रशंसकन के उत्साह अउरी बढ़ गइल बा. पोस्टर में आमिर खान के संगे 10 नाया चेहरा भी देखावल गईल बा, जवन कि एगो अवुरी सुंदर, ताज़ा अवुरी दिल के छू लेवे वाली कहानी के संकेत देवेला। ई फिलिम 20 जून के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाला बा. आमिर खान प्रोडक्शन सीतारे जमीन पार का माध्यम से दस गो डेब्यू कलाकारन के लॉन्च कर रहल बा जवना में अरूष दत्ता, गोपी कृष्ण वर्मा, सम्वित देसाई, वेदांत शर्मा, आयुष भंसाली, आशीष पेंडसे, ऋषि शाहानी, ऋषभ जैन, नमन मिश्रा आ सिमरन मंगेशकर शामिल बा फिल्म के पहिला झलक काफी आकर्षक बा आ अब दर्शक बेसब्री से इंतजार करत बाड़े कि एह से जुड़ल अउरी चीजन के देखल जाव.

‘तारे जमीन पर’ आमिर खान प्रोडक्शन के बैनर तले बनावल जा रहल बा जवना में आमिर खान आ जेनेलिया देशमुख मुख्य भूमिका में नजर अइहें. फिल्म के गीत अमिताभ भट्टाचार्य के लिखल बा आ एकर संगीत शंकर-एहसान-लोय दिहले बाड़न. पटकथा दिव्या निधि शर्मा के लिखल बा आ एह फिलिम के निर्माण आमिर खान आ अपर्णा पुरोहित करत बाड़ी. 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-