आजम खान के नाइ मिलल जमानत

Share

सपा नेता आजम खां के याचिका कोर्ट खारिज कर देहले बा। ऊ यूपी विधानसभा में शपथ नाइ ले पइहें। सीतापुर जेल प्रशासन आजम खां के शपथ लेवे खातिर अनुमति देहले के याचिका दाखिल कइले रहल| जेके खारिज कs देहल गइल बा। हालांकि, इहो कहल जा रहल बा कि आजम अपनिये आजु नाइ जाइल चाहत रहने।
आजम खां नगदे समय से जेल में बंद बाने। ऊ लोकसभा के सांसद रहने अउर हाले में इस्तीफा देहले रहने। ओनके यूपी में जीतल सब विधायकन के संगे शपथ ग्रहण खातिर विधान भवन जाएके रहल लेकिन ओनके जमानत नाइ मिलल।
प्रदेश के जीतल सब विधायकन के सोमवार अउर मंगलवार के शपथ दियावल जा रहल बा पर कोर्ट से अनुमति न मिलले के कारन आजम शपथ नाइ ले पइहें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-