देवरिया में बरात से लौटत समय पलटल बोलेरो, एगो किशोर के मौत, आधा दर्जन लोग घाही

Share

उत्तर प्रदेश के देवरिया जनपद में सलेमपुर- भागलपुर मार्ग पर धनौती ढाला के लग्गे बरात से आवत एगो बोलेरो अनियंत्रित हो के ढाला के किनारे बनल रेलिंग से टकरा के पलटले से एगो किशोर के मौत हो गइल। उहवें 12 बराती घाही भइल बानें।

सूचना पर पहुंचल कोतवाली पुलिस घायलन के सलेमपुर सीएचसी भेजववलस। उहां से सब के जिला अस्पताल रेफर कs दिहल गइल। घायलन में दू जनी के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा।

मईल थाना क्षेत्र के भागलपुर गांव निवासी मुन्ना रैनी के घर से सुक्क म् के दिन बरात सलेमपुर कोतवाली के नवलपुर गइल रहे। बरात में गइल लोग देर रात वापस आवत रहनें। एही दौरान धनौती ढाला पर लागल एगो पिलर के ठोकर मारत बोलेरो गढ़हा में पलट गइल। एसे बोलेरो सवार लोग में चीखपुकार मच गइल।

आसपास के लोग तेज आवाज सुन के मौका पर पहुंचल त घायल लोग के बोलेरो से निकाल के पुलिस के सूचना दिहलस। उहां से घायलन के अस्पताल भेजल गइल। सीएचसी सलेमपुर में डॉक्टर इंशाद, 12 वर्ष पुत्र मीर हसन निवासी भागलपुर के मृत घोषित कs दिहल। जबकि राशिद 11 पुत्र रियासत, चालक दरोगा प्रसाद ग्राम टेंगुनिया जिला बलिया, तौसीफ 12वर्ष, शेराज अख्तर, शिवम यादव, मेराज 14 वर्ष, अली खान 18 वर्ष घायल बानें। सब के इलाज जिला अस्पताल में चल रहल बा। राशिद अउर दरोगा के हालत गम्भीर बतावल जा रहल बा। हादसा के बाद से गांव के लोग गमगीन बानें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-