Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एह देस में बैन भइल iPhone 16, Apple के झटका, सरकार कइलस बड़ कार्रवाई

68

Apple iPhone 16 सीरीज के हाले में मार्केट में उतारल गइल रहे। बाकिर एह बीच एगो देस अइसनो बा जवन एकरा के बैन कs देले बा। संगही ओह देस में मवजूद iPhone 16 के अवैध करार दिहल गइल बा। इंडोनेशिया के तरफ से iPhone 16 के सेल के तुरंत रोके के फैसला लिहल गइल बा। दरअसल ई फैसला ऐपल पs होखे जा रहल कठोर कार्रवाई के हिस्सा हs। इंडोनेशिया के सरकार आरोप लगवलें कि ऐपल के ओर से ओकरा देस में निवेश करे के बात कहल गइल रहे। बाकिर कंपनी अइसन करे में असमर्थ साबित भइल बा।

Apple के ओर इंडोनेशिया के सरकार से निवेश करे के बात कहल गइल रहे। एकरा बाद कंपनी कुछ निवेश कइलहूं रहे था, लेकिन ये उतना नहीं था, जितना कंपनी की तरफ से कहा गया था। अब सरकार की तरफ से TKDN सर्टिफिकेशन जारी नइखे कइल गइल। अइसन ना होखला के वजह से इंडोनेशिया में ऐपल iPhone 16 के सेल ना हो पाई। इंडोनेशिया के सरकार के ओर से बचल इंवेस्टमेंट के इंतजार कइल जा रहल बा।

अभी के ऐपल 1.48 ट्रिलियन रुपिया के निवेश कs चुकल बा। जबकि ऐपल के ओर से कुल 1.71 ट्रिलियन रुपिया के निवेश के बात कहल गइल रहे। अइसन में कंपनी अपना कइल गइल वायदा पs खरा नइखे उतरल। अइसन में सरकार कंपनी पs बड़ कार्रवाई कs देले बिया। हाले में ऐपल के बड़ जीत हासिल भइल रहे। टिम कुक हाले में जकार्ता गइल रहस। इहां ऊ इंडोनेशिया के राष्ट्रपति से मुलाकात कइले रहस।

ऐपल खातिर ई बहुत हैरान कs देवे वाला खबर हो सकत बा, काहेकि टिम कुक जब इंडोनेशिया के राष्ट्रपति से बात कइले रहस तs ई मुलाकात बहुत पॉजिटिव साउंड करत रहे। अब अचानक अइसन फैसला कंपनी के हैरान कs सकत बा। कुक मुलाकात के बाद इंडोनेशिया में मैनुफैक्चरिंग प्लांट लगावे के बात कहले रहस।

996450cookie-checkएह देस में बैन भइल iPhone 16, Apple के झटका, सरकार कइलस बड़ कार्रवाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.