Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar: दरभंगा मेट्रो रेल निर्माण के जिम्मा राइट्स लिमिटेड के मिलल

139

दरभंगा मेट्रो रेल के निर्माण के जिम्मेवारी राइट्स लिमिटेड कंपनी के दिहल गइल बा। एकरा खातिर सरकार कंपनी के 70 लाख 21 हजार रूपिया के पहिला किस्तो दे देले बिया। पहिला किस्त के भुगतान के बाद दरभंगा नगर निगम 29 अक्टूबर के एगो विशेष बइठक बोलवले बा, जवना में मेट्रो निर्माण से जुड़ल एजेंसी के प्रतिनिधि अउरी इंजीनियर नगर निगम के अधिकारी, मेयर, डिप्टी मेयर, सांसद, विधायक के संगे विधान परिषद समेत अउरी जनप्रतिनिधि मौजूद रहिहें. एह बइठक में मेट्रो निर्माण कार्य के सर्वेक्षण आ योजना बनावल जाई आ साथही निर्माण कार्य पर विशेष चर्चा कइल जाई।

बता दीं कि दरभंगा में मेट्रो रेल लाइन के निर्माण चार कॉरिडोर में होखे वाला बा। एमें दू गो कॉरिडोर के सर्वेक्षण के काम पूरा हो गइल बा। दरभंगा हवाई अड्डा से वीआईपी रोड होके बेंता होके लहेरियासराय आ भवानीपुर सकरी से दरभंगा जाए वाला दुसरका गलियारा के सर्वे के काम पूरा हो गइल बा। दरभंगा से लहेरियासराय मेट्रो रूट में मेट्रो रेल कुछ जगहा भूमिगत आ कुछ जगह पुल से होके गुजरी। जानकारी के मुताबिक बिहार के चार शहर दरभंगा, मुजफ्फरपुर, गया आ भागलपुर, 2019 में मेट्रो रेल परियोजना के व्यापक गतिशीलता योजना, वैकल्पिक विश्लेषण रिपोर्ट अउरी व्यवहार्यता अध्ययन खातिर परामर्श शुल्क अउरी मोबिलाइजेशन शुल्क के भुगतान खाती 10 प्रतिशत के पहिला किस्त राइट्स लिमिटेड के दिहल जाई। कर समेत 70 लाख 21 हजार रुपिया के निकासी आ भुगतान खातिर मंजूरी दिहल गइल बा।

एकरा खाती रेलवे एजेंसी सभ चिन्हित शहर में मेट्रो चलावे के संभावना के जांच करतिया। उम्मीद बा कि जदी कवनो बाधा ना आई तऽ संभावना रिपोर्ट मिलला के बाद नयका साल से मेट्रो ट्रेन पऽ काम शुरू हो सकऽता। सूत्र के मुताबिक, 29 अक्टूबर के दरभंगा नगर निगम सभागार में एकरा संबंध में एगो विशेष बइठक होई। एह बइठक में नगर निगम के अधिकारी, मेयर, डिप्टी मेयर, सांसद, विधायक आ अन्य जनप्रतिनिधि लोग के साथे मेट्रो निर्माण कार्य से जुड़ल एजेंसी के प्रतिनिधि आ इंजीनियर लोग के साथे मौजूद रही। एह बइठक में मेट्रो निर्माण कार्य के सर्वेक्षण आ योजना बनावल जाई आ साथही निर्माण कार्य पर विशेष चर्चा कइल जाई।

992620cookie-checkBihar: दरभंगा मेट्रो रेल निर्माण के जिम्मा राइट्स लिमिटेड के मिलल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.