[the_ad_group id="30365"]

आजु दिल्ली में पीएम मोदी के रैली, जान लीं ट्रैफिक एडवाइजरी नाही तs फंस जाएब मुश्किल में

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

लोकसभा चुनाव 2024 के तहत 5 चरण के चुनाव खतम हो गईल बा। अब छठवाँ चरण के मतदान 25 मई के आ सातवाँ चरण यानी आखिरी चरण 1 जून के होखी. बता दीं कि देश के राजधानी दिल्ली के सभे 7 लोकसभा सीट पs 25 मई के मतदान होई। एह क्रम में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बुध 22 मई के दिल्ली के द्वारका में चुनावी सभा के संबोधित करे जा रहल बाड़े। अब पीएम के रैली के ध्यान में राखत यातायात के रास्ता बदल दिहल गईल बा। अगर रउरा कवनो काम खातिर निकलल बानी तs ट्रैफिक पुलिस के ई निर्देश ध्यान से पढ़ीं जेहसे कि कवनो दिक्कत ना होखे.

बड़ संख्या में लोग के उम्मीद

पीएम मोदी के रैली बुध के दिने साँझ छह बजे द्वारका सेक्टर-14 के डीडीए पार्क में होखे जा रहल बा.दिल्ली ट्रैफिक पुलिस के कहना बा कि एह रैली में बड़हन संख्या में लोग के शामिल होखे के उमेद बा जवना से आसपास के सड़कन पs यातायात पs असर पड़ सकेला. एहसे जनता के सुविधा खातीर ट्रैफिक एडवाइजरी जारी कईल गईल बा।

डायवर्जन पॉइंट ( जब आवश्यक होखे)

• इस्कॉन चौक, सेक्टर-13, द्वारका

•रोड नंबर 201, द्वारका

• सेक्टर-3/13 क्रॉसिंग से द्वारका मोड़ ले

• सेक्टर-3/13 रेडिसन ब्लू होटल के पार करत गोल्फ कोर्स रोड पटें डीएक्सआर टी पॉइंट ले

• ओम अपार्टमेंट चौक, सेक्टर-14, द्वारका

• सेक्टर 3/13 क्रॉसिंग, द्वारका

• एनएसयूटी टी-प्वाइंट

• द्वारका मोड़

• राजापुरी चौराहा

• एनएसयूटी टी-प्वाइंट से वेगास मॉल ले पीपल चौक ले

• गोल्फ कोर्स रोड सेक्टर-16 बी क्रॉसिंग से धूलसिरस चौक ले

• रोड नंबर 205 आ रोड नंबर 210, द्वारका

स्टेशन/हवाई अड्डा पs जाए वाला लोग के सलाह

दिल्ली ट्रैफिक पुलिस केएफ/ई यात्री लोग से निहोरा करत बिया कि हो सके तs उपर बतावल सड़कन से बचे/बाईपास हो के अपना गंतव्य ले पहुँचे खातिर सार्वजनिक परिवहन के अधिकतम उपयोग करस. आईएसबीटी/रेलवे स्टेशन/हवाई अड्डा के ओर जाए वाला लोग के सलाह दिहल जाता कि उs लोग पर्याप्त समय के संगे अपना यात्रा के योजना ध्यान से राखस।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]