Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

USA: कोका-कोला के सचिव तीन गो साथियन के साथे गिरफ्तार

142

कोका-कोला के वैश्विक मुख्यालय के सचिव के पेप्सी के एगो नाया उत्पाद के बारे में बहुत गोपनीय व्यापारिक जानकारी बेचे के कोशिश के आरोप में गिरफ्तार कइल गइल। जानकारी के मुताबिक, जोया विलियम्स अपना सहयोगी इब्राहिम डिमसन आ एडमंड दुहानी के संगे मिल के कोका-कोला के चोरी भइल जानकारी के 15 लाख अमेरिकी डॉलर (12.6 करोड़ रुपया) के भारी कीमत पऽ बेचे के साजिश रचले। हालांकि ई साजिश तब असफल हो गइल जब पेप्सी मौका के फायदा उठावे कड़ बजाय कोका कोला आ एफबीआई के एह गैरकानूनी सौदा के जानकारी दिहलस।

एफबीआई एह तरे एह सौदा के पर्दाफाश कइलस

 बता दीं कि कोका-कोला के ग्लोबल ब्रांड डायरेक्टर के सहायक के रूप में काम करे वाला जोया विलियम्स एगो नाया गुप्त उत्पाद वाला शीशी चोरा के बेचे के कोशिश करत पकड़ा गइले। एफबीआई अपराधियन के पकड़े खातिर एगो गुप्त अभियान में पेप्सी के एग्जीक्यूटिव के रूप में पेश कइलस। एह सब के दौरान जोया विलियम्स के सहयोगी इब्राहिम डिमसन 30,000 डॉलर के बदला में गोपनीय दस्तावेज अउरी कोका-कोला के शीशी देले, जवन कि पीला रंग के गर्ल स्काउट कुकी बॉक्स के भीतर छिपल रहे। ई गुप्त अभियान ज़ोया विलियम्स आ उनकर सहयोगियन के गिरफ्तारी के संजोग से भइल जवना के गैरकानूनी सौदा पूरा होखे से पहिले गिरफ्तार कर लिहल गइल।

पेप्सी के एह फैसला के बहुते तारीफ भइल

 ए मामला के खुलासा के बाद सरकारी वकील डेविड नहमियास पेप्सी के एह फैसला के तारीफ कइले। एगो अखबार के मुताबिक उऽ कहले कि उ अइसन एहसे कइले कि व्यापारिक समुदाय के सभे खातिर व्यापारिक रहस्य महत्वपूर्ण बा। ओह लोग के एहसास होला कि अगर ओह लोग के व्यापारिक रहस्य के उल्लंघन होखे तऽ ओह लोग के सब केहू के नुकसान होला, बाजार के नुकसान होला आ पूरा कारोबार के नुकसान होला।

जो विलियम्स आ उनकर साथियन पऽ गैरकानूनी तरीका से व्यापारिक रहस्य चोरी आ बेचे के आरोप बा। जोया विलियम्स पऽ गैरकानूनी तरीका से व्यापारिक रहस्य चोरी करे आ बेचे के आरोप लागल रहे। उनका पs पेप्सी के झूठा नाम से चिट्ठी लिखे के आरोप बा, जवना में कोक के आंतरिक दस्तावेज आ शीशी खाती 10,000 अमेरिकी डॉलर (8,41,373 रुपया) के मांग कइल गइल बा।

985060cookie-checkUSA: कोका-कोला के सचिव तीन गो साथियन के साथे गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.