Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मनोज बाजपेयी के ‘गुलमोहर’ खातिर चौथा नैशनल अवॉर्ड, बोलले- एकरा से बड़…

45

8 अक्टूबर के दिल्ली में 70वां राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार समारोह में फिल्म जगत के दिग्गजन के सम्मानित कइल गइल। एह दौरान मनोज बाजपेयी आ शर्मिला टैगोर के फिल्म ‘गुलमोहर’ के राष्ट्रीय पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल। दिल्ली में आयोजित एह प्रतिष्ठित समारोह में राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू विजेता लोग के पुरस्कार देके सम्मानित कइली।

मनोज बाजपेयी राष्ट्रीय पुरस्कार मिलला के बाद खुशी जतवले आ अपना के भाग्यशाली बतवले। कहलन कि हमरा तऽ बढ़िया लागत बा। काहे कि नेशनल अवार्ड जइसन जगहा पऽ आके, अतना छोट फिलिम जवना तरह से आपन मौजूदगी के अहसास करवलस, उऽ हमनी खातिर अपने आप में एगो बड़हन बात बा।

मनोज बाजपेयी कहले- एकरा से जादा खुशी हमनी खातिर कुछूओ ना हो सकत रहे।

उऽ आगे कहले कि, ‘शूटिंग के दौरान शर्मिला टैगोर जी हमनी के संगे रहली। उनकर आशीर्वाद हमेशा हमरा साथे रहे। हमरा हमेशा लागल कि गुलमोहर जवना तरह के फिलिम हऽ, उऽ अबहीं ले उऽ दर्जा नइखे हासिल कऽ पवले जवन ओकरा मिले के चाहीं। साथही एगो खुशखबरी मिलत बा कि गुलमोहर के तीन गो राष्ट्रीय पुरस्कार मिलल बा। हमनी खातिर एकरा से बड़ सुख ना हो सकत रहे।

हाल ही में अपना एगो साक्षात्कार में उ कहले रहले कि, ‘जब हमरा इ तीनों पुरस्कार मिलल तऽ राष्ट्रीय पुरस्कार के खबर मिलला के बाद हमार प्रतिक्रिया उहे रहे, जइसे कि चउथा बेर बा।’ हम हमेशा कहेनी कि जब हम अपना जिनिगी में स्टेज करत रहनी तऽ सोचत रहनी कि एक बेर मिल जाइत तऽ जिनिगी धन्य हो जाई। आ आज भगवान के कृपा से गुलमोहर खातिर चउथा बेर हमरा मिलल बा। हम एह घरी अपना के बहुते भाग्यशाली कलाकार मानत बानी, जेकरा चउथा बेर राष्ट्रीय पुरस्कार मिल रहल बा।

 

980910cookie-checkमनोज बाजपेयी के ‘गुलमोहर’ खातिर चौथा नैशनल अवॉर्ड, बोलले- एकरा से बड़…

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.