Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Mainpuri News: शराब पिये से रोकला पऽ युवक कइलस आत्महत्या

69

मैनपुरी में परिवार के लोग शराब पीये से रोकले तऽ एगो युवक आत्महत्या कऽ लेलस। ओकर लाश ओकरा खुद के खेत में पेड़ से लटकल मिलल।

सोमवार के उत्तर प्रदेश के मैनपुरी में एगो युवक के लाश पेड़ से लटकल मिलल। गांव के लोग देख के मौका प भीड़ जमा हो गइल। परिवार के लोगो रोवत-रोवत उहाँ पहुंचले। पुलिस सूचना मिलला के बाद मौका पs पहुंचल अउरी जानकारी एकट्ठा कइलस।

बिछवां थाना क्षेत्र के बीलो गांव के घटना हऽ। गांव के निवासी महेश शाक्य के लाश उनका खेत में पेड़ से लटकल मिलल। सूचना पऽ थाना प्रभारी पुलिस टीम के संगे मौका पऽ पहुंचले आ जानकारी एकट्ठा कइले। बतावल जाता कि शराब पियला से माना कइला पऽ उऽ आत्महत्या कऽ लेले बाड़े।

978000cookie-checkMainpuri News: शराब पिये से रोकला पऽ युवक कइलस आत्महत्या

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.