Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ED Raid: लुधियाना में आप सांसद के घरे ईडी के रेड

44

लुधियाना में आम आदमी पार्टी के राज्यसभा सदस्य संजीव अरोड़ा के घर पऽ ईडी के छापा पड़ल बा। एकरा अलावा ईडी फाइनेंसर हेमंत सूद के परिसरो में छापामारी कइले बा।

जानकारी के मुताबिक ईडी टीम सबेरे उनका लोकेशन आ अपना कुछ करीबी बिजनेस पार्टनर पऽ छापामारी कइलस।  हेमंत सूद पूर्व कैबिनेट मंत्री भरत भूषण आशु के करीबी बाड़े। अनाज माल ढुलाई के मामला में आशु के नांव अइला के बाद भइल जांच के बाद अब हेमंत सूद के खिलाफ कार्रवाई भइल बा।  बतावल जाता कि जांच में विदेशी लेनदेन सोझा आइल बा।

ईडी के अधिकारी सबेरे चंडीगढ़ रोड इस्थित हैम्पटन होम्स में हेमंत सूद के घर पहुंचले आ जांच शुरू कऽ देले। अबहीं तक ए मामला के आधिकारिक तौर पs पुष्टि नइखे भईल। जांच के दौरान आगे के जांच खातिर बहुत दस्तावेज जब्त कइल जाता। कंप्यूटर में डालल डाटा के जांच कइल जाता।

977680cookie-checkED Raid: लुधियाना में आप सांसद के घरे ईडी के रेड

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.