खाये के पड़ी जेल के रोटी आ पिये के पड़ी जेल के पानी… सही-गलत सिखावे वाला टीचर खुद कs बइठल लो फ्रॉड, हो गइल लो बर्खास्त

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 25, 2024

मोतिहारी। बिहार के मोतिहारी जिला के बंजरिया प्रखंड के छह शिक्षकन के खिलाफ बड़ कार्रवाई कइल गइल बा। ई सब शिक्षक नौकरी पावे खातिर फर्जी प्रमाणपत्र लगवले रहे लो, जवना के खुलासा होखला पs आरोपित

Share

मोतिहारी। बिहार के मोतिहारी जिला के बंजरिया प्रखंड के छह शिक्षकन के खिलाफ बड़ कार्रवाई कइल गइल बा। ई सब शिक्षक नौकरी पावे खातिर फर्जी प्रमाणपत्र लगवले रहे लो, जवना के खुलासा होखला पs आरोपित शिक्षकन के बर्खास्त कs दिहल गइल बा। संगही अब जेल भेजे के तइयारी कइल जा रहल बा। निगरानी अन्वेषण ब्यूरो पटना के ओर से शिक्षक नियोजन में फर्जी नियोजित शिक्षकन के चल रहल जांच के दौरान एह शिक्षकन के शैक्षिक प्रमाण पत्रन के जांच करावल गइल रहे, जेमे एह लोगन के मूल मध्यमा के प्रमाण पत्र जाली निकल गइल।

निगरानी अन्वेषण ब्यूरो के ओर से एह शिक्षकन पs बंजरिया थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल गइल। जवन शिक्षकन के खिलाफ कार्रवाई कइल गइल बा, ओमे उत्क्रमित मध्य विद्यालय गौरिया में पदस्थापित दुगो शिक्षक सुरेश कुमार आ विभा कुमारी, उ.म.वि. चिन्ताहा में पदस्थापित रूबी कुमारी, उ.म.वि. अजगरी में पदस्थापित शिक्षक प्रियरंजन दूबे, उ.म.वि. बंजरिया में पदस्थापित विभा कुमारी और उ.म.वि. गोखुला में पदस्थापित शिक्षिका सावित्री यादव सामिल बा लो।

साभार : न्यूज  18

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.