NEET पेपर लीक मामिला में एगो अउरी सॉल्वर गिरफ्तार, सीबीआई 5 दिन के रिमांड में भेजलस

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 4, 2024

    नीट पेपर लीक के मामिला में सीबीआई एगो सॉल्वर के गिरफ्तार कs लेले बिया। राजस्थान के भीलवाड़ा के मेडिकल कॉलेज में एमबीबीएस पढ़त संदीप से सीबीआई पूछताछ करत रहे। एकरा बाद शनिचर के

Share

 

 

नीट पेपर लीक के मामिला में सीबीआई एगो सॉल्वर के गिरफ्तार कs लेले बिया। राजस्थान के भीलवाड़ा के मेडिकल कॉलेज में एमबीबीएस पढ़त संदीप से सीबीआई पूछताछ करत रहे। एकरा बाद शनिचर के सीबीआई उनुका के गिरफ्तार कs पटना के सीबीआई के विशेष अदालत में पेश कईलस।

कोर्ट संदीप के पांच दिन खातिर सीबीआई रिमांड भेज दिहले बा। संदीप से पहिले सीबीआई राजस्थान से कुमार मंगलम बिश्नोई अवुरी दीपेंद्र शर्मा के गिरफ्तार कs लेले रहे। अबे ले पटना एम्स के चार छात्र समेत कुल 9 मेडिकल छात्र, जवन कि सॉल्वर के काम करत रहले, गिरफ्तार हो चुकल बाड़े।

सीबीआई बियफ़ें के आरोप पत्र दाखिल कईले रहे

बता दीं कि बियफ़ें के सीबीआई नीट पेपर लीक के मामिला में आरोप पत्र दाखिल कईले बिया। एह आरोप पत्र में केंद्रीय जांच ब्यूरो 13 लोग के नाम दर्ज करवले बा जवना में चार गो उम्मीदवार, एगो जूनियर इंजीनियर आ दू गो सरगना लो के नाम शामिल बा.  सीबीआई के अधिकारी बतवले कि एs मामिला में कुछ छात्र के अभिभावक के नाम भी शामिल बा।

सीबीआई पटना के नीतीश कुमार के मुख्य आरोपी मानत बिया

चार गो परीक्षार्थी समेत सगरी 13 गो आरोपियन पs आपराधी विश्वास भंग आ आपराधी साजिश से जुड़ल धारा के तहत मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. अब ले के जांच के दौरान सीबीआई के मानल ​​बा कि पटना के गोपालपुर निवासी नीतीश कुमार मुख्य आरोपी बाड़े अवुरी कथित तौर पs चार “सेटर्स” में से एक बा।

एह धारा के तहत आरोपी के खिलाफ मुकदमा दर्ज भईल 

आपराधी विश्वास भंग अवुरी आपराधी साजिश से जुड़ल धारा के तहत 13 आरोपी के खिलाफ मामिला दर्ज भईल बा।सीबीआई के मानल ​​बा कि पटना के गोपालपुर निवासी नीतीश कुमार मुख्य आरोपी बाड़े अवुरी कथित तौर पs चार सेटर में से एक बा। उs अमित आनंद अवुरी सिकंदर यादवेंदु के संगे एs कागज के 30-32 लाख रुपिया में बेच देले। जांच में इहो पता चलल कि यादवेन्दु कुमार अवुरी आनंद के बतवले रहले कि उनुका लगे चार छात्र बाड़े, जवन कि कागज खरीदे खातीर तैयार बाड़े।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.