Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार में बाढ़ के मंजर… रेल पुल तक चढ़ल गंगा के पानी

44
Google Ads 300*250 for posts

बाढ़ के असर बिहार में यात्रा पs देखाई देता। गंगा के पानी भागलपुर-जमालपुर रेल खंड में रेल पुल तक पहुंच गइल बा। एह खतरा के देखत बहुते ट्रेन रद्द कऽ दिहल गइल बा। कुछ ट्रेन के रूट में बदलाव भइल बा। फिलहाल पटना दुमका एक्सप्रेस रद्द रही।

गंगा के पानी भागलपुर-जमालपुर रेल खंड पs इस्थित बरियारपुर-रतनपुर स्टेशन के बीच 195 नंबर रेल पुल के गर्डर के पास पहुंच गइल बा। सुरक्षा के नजरिया से रेलवे बहुत ट्रेन के रद्द कऽ देले बिया आ कुछ के डायवर्ट कऽ देले बिया।

रद्द कइल गइल ट्रेन

  • गाड़ी सं. 13333/13334 पटना-दुमका-पटना एक्सप्रेस
  • गाड़ी सं. 05573/05574 सरायगढ़-देवघर-सरायगढ़ पैसेंजर स्पेशल
  • गाड़ी सं. 03433/03434 जमालपुर-किउल-जमालपुर मेमू पैसेंजर
  • गाड़ी सं. 13401/13402 भागलपुर-दानापुर-भागलपुर इंटरसिटी एक्सप्रेस

बांका-जसीडीह के रास्ते जाई विक्रमशिला सहित कई गो ट्रेन

  • 22 सितंबर के भागलपुर से चले वाली गाड़ी संख्या 12367 भागलपुर-आनंद विहार विक्रमशिला एक्सप्रेस के परिचालन परिवर्तित मार्ग बांका-जसीडीह के रास्ते होई।
  • एही तरह 21 के हावड़ा से चल चुकल गाड़ी सं. 13023 हावड़ा-गया एक्सप्रेस के परिचालन परिवर्तित मार्ग बांका-जसीडीह के रास्ते जाई।
  • 21 के सूरत से चल चुकल गाड़ी संख्या 22947 सूरत-भागलपुर एक्सप्रेसजसीडीह-बांका-भागलपुर के रास्ते चली।
  • 20 के गांधीधाम से चल चुकल गाड़ी संख्या 09451 गांधीधाम- भागलपुर स्पेशल के परिचालन परिवर्तित मार्ग जसीडीह -बांका-भागलपुर के रास्ते चली।
  • 21 के आनंद विहार से चल चुकल गाड़ी संख्या 13430 आनंद विहार-मालदा टाउन  एक्सप्रेस के परिचालन परिवर्तित मार्ग जमालपुर-मुंगेर- कटिहार-मालदा टाउन के रास्ते होई।
  • 22 के बांका से चले वाली गाड़ी संख्या 13241 बांका-राजेन्द्रनगर एक्सप्रेस के परिचालन परिवर्तित मार्ग बांका-जसीडीह के रास्ते होई।
  • 21 के दिल्ली से चल चुकल गाड़ी संख्या 15657 दिल्ली-कामाख्या ब्रह्मपुत्र मेल के परिचालन परिवर्तित मार्ग जमालपुर-मुंगेर-कटिहार के रास्ते जाई।
  • 22 के गोड्डा से चले वाली गाड़ी संख्या 22311 गोड्डा-लोकमान्य तिलक एक्सप्रेस के परिचालन परिवर्तित मार्ग दुमका-जसीडीह के रास्ते होई।
  • 22 के रांची भागलपुर से चले वाली गाड़ी संख्या 08601/08602 रांची-भागलपुर परीक्षा स्पेशल के परिचालन परिवर्तित मार्ग से होई। साईथिया-रामपुर हाट-बड़हरवा-भागलपुर के रास्ते  चली।
  • 22 के गया से चले वाली गाड़ी संख्या 13024 गया-हावड़ा एक्सप्रेस के परिचालन परिवर्तित मार्ग किउल-झाझा-आसनसोल के रास्ते चली।
  • मालदा टाउन से चले वाली गाड़ी संख्या 03413 मालदा टाउन-नई दिल्ली स्पेशल के परिचालन परिवर्तित मार्ग कटिहार- बरौनी-दिनकरग्राम सिमरिया के रास्ते होई।
  • अजमेर से चल चुकल गाड़ी संख्या 13424 अजमेर-भागलपुर एक्सप्रेस के परिचालन परिवर्तित मार्ग किउल-झाझा-जसीडीह-बांका के रास्ते चली।

बीच रास्ता से लौटे वाली ट्रेन 

  • 22 के भागलपुर से चले वाली 15553 भागलपुर-जयनगर एक्सप्रेस के आंशिक प्रारंभ बरौनी में होई। गोड्डा से चले वाली 18604 गोड्डा-रांची एक्सप्रेस जमालपुर ले आई।
  • ट्रेन संख्या 13410 किउल-मालदा  टाउन एक्सप्रेस सुल्तानगंज स्टेशन से लौट जाई। 05407 रामपुर हाट-गया स्पेशल के आंशिक समापन साहिबगंज में होई।
964190cookie-checkबिहार में बाढ़ के मंजर… रेल पुल तक चढ़ल गंगा के पानी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.