साँझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 28, 2022

बिहार: पटना में 34.36% वोटिंग; आरा में वोटिंग के दौरान मतदान कर्मी के हार्ट अटैक, नालंदा में प्रत्याशियन के समर्थकन में पत्थरबाजी। निकाय चुनाव के दूसरा चरण के वोटिंग संपन्न भइल। बिहार: नीतीश बोलेलें आगे

Share

  1. बिहार: पटना में 34.36% वोटिंग; आरा में वोटिंग के दौरान मतदान कर्मी के हार्ट अटैक, नालंदा में प्रत्याशियन के समर्थकन में पत्थरबाजी। निकाय चुनाव के दूसरा चरण के वोटिंग संपन्न भइल।
  2. बिहार: नीतीश बोलेलें आगे – आगे देखीं ई लोग का करत बा? हम साथे बानी एहिसे CBI से खोलवावल गइल IRCTC केस। जल्दिये बिहार यात्रा करिहें नीतीश, अपना काम के खुद मॉनिटरिंग करिहें।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी के बलरामपुर में मध्य प्रदेश निवासी माई बेटी खइलस लोग जहर, तीनों के मौत, बाप गंभीर।
  4. उत्तर प्रदेश: अखिलेश यादव बोललें- हमरा के भारत जोड़ो यात्रा के कवनो नेवता ना मिलल रहे, पहिले चंडूखाने के गप्प कहलें रहस। विपक्षी दलन के नेवता देवे के बात कांग्रेस के तरफ से कहल गइल बा।
  5. झारखंड: कुख्यात नक्सली अमन गंझू के आत्मसमर्पण, पुलिस रखलें रहे 15 लाख के इनाम।
  6. बेमार माई के हालचाल लेके दिल्ली निकललें PM मोदी: राहुल कहलें- माई आ बेटा के प्यार अनमोल, मुस्किल वक्त में रउआ साथे बानी। सांस में तकलीफ लेवे के शिकायत के बाद मंगर के देर रात अहमदाबाद के यूएन मेहता अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे।
  7. महाराष्ट्र के पूर्व गृहमंत्री अनिल देशमुख जेल से छूटलें: एक साल, एक महीना, 27 दिन बाद बाहर अइलें; बोललें- हमरा के झूठा केस में फंसावल गइल।
  8. जम्मू-कश्मीर के सुरक्षा पs अमित शाह के हाई लेवल मीटिंग: लेह-लद्दाख पs NIA आ आर्मी ऑफिसर्स से चरचा कइलें; आतंकियन से मुठभेड़ के बाद गृहमंत्रालय बा अलर्ट।
  9. पूर्व पोप बेनेडिक्ट के हालत गंभीर: पोप फ्रांसिस कहलें- बेनेडिक्ट खातिर दुआ करी, उनकर सेहत लगातार गिर रहल बा। 9 साल पहिले देले रहस पद से इस्तीफा।
  10. ओलंपिक के दावेदारी पेश करी भारत: खेल मंत्री अनुराग ठाकुर कहलें- देस में ओलंपिक होस्ट करे खातिर 2036 सही समय। अहमदाबाद के बनावल जाई होस्ट सिटी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.