भूकंप के झटका से हिलल पाकिस्तान, अफगानिस्तान से लेके नई दिल्ली ले महसूस भइल झटका

Minee Upadhyay
पाकिस्तान में भूकंप के झटका: फोटो

 

 

भारत के पड़ोसी देश पाकिस्तान में अबे-अबे आइल भूकंप के तेज झटका से हिल गइल बा. नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी के मुताबिक पाकिस्तान में दुपहरिया के करीब एक बजे इs भूकंप आईल।  एकर तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 5.8 बतावल गइल बा।  भूकंप के तीव्रता के असर अफगानिस्तान से लेके भारत ले महसूस भईल।

भारत में जयपुर, चंडीगढ़, दिल्ली, नोएडा समेत भारत के शहरन में हल्का भूकंप महसूस भइल. अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक भारत में कवनो नुकसान के कवनो खबर नईखे। अउरी विवरण के इंतजार बा।

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।