Operation Ajay: इस्राइल में फंसल भारतीयन के दूसरका जत्था भारत खातिर रवाना, दुगो शिशु के साथे 232 लोग शामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2023

  इजरायल आ हमास के बीच युद्ध एक हफ्ता से चलत बा। एह दौरान अब ले लगभग 3000 लोग के मउत हो चुकल बा। एही बीच इजराइल में फंसल लोग के सुरक्षित अपना माटी में

Share

 

इजरायल आ हमास के बीच युद्ध एक हफ्ता से चलत बा। एह दौरान अब ले लगभग 3000 लोग के मउत हो चुकल बा। एही बीच इजराइल में फंसल लोग के सुरक्षित अपना माटी में वापस ले आवे खातिर भारत ऑपरेशन अजय शुरू कs दिहलस। ऑपरेशन अजय के तहत पहिला बैच के यात्री शुक के सबेरे भारत पहुंचल। बियफे के दिने भारतीयन के दुसरका बैच के साथे विमान उड़ान भरलस।

इ विमान 11 बजे इजरायल से रवाना हो गईल

भारतीय अधिकारी के मुताविक शुक के भारत पहुंचावल गईल दूसरा बैच में 235 भारतीय शामिल बाड़े। एहमें दू गो शिशु भी शामिल बाड़े।तेल अवीव से रात 11.02 बजे विमान उड़ल। भारतीय दूतावास कहलस कि दूतावास तीसरा बैच में शामिल लोग के ईमेल से जानकारी देले बा। बाद के उड़ान खातिर लोग के फेर से मैसेज कईल जाई।

भारत सरकार के धन्यवाद दिहल लो

इजरायल के सफेद स्थित इलान विश्वविद्यालय से पीएचडी करे वाला भारतीय छात्र सूर्यकांत तिवारी कहले कि इजरायल में डर के माहौल बा। इहाँ के हालत बहुत खराब बा। हम भारत सरकार के धन्यवाद देबे के चाहत बानी कि ऊ हमनी के इजरायल से सुरक्षित बाहर निकलस।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.