Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Chhapra: महावीर मेला के आर्केस्ट्रा कार्यक्रम में छज्जा टूट के गिरल,कइ लोग घायल

190
Google Ads 300*250 for posts

Chhapra News: बिहार के छपरा में महावीर मेला के दौरान एगो भयानक हादसा भइल। जहां सैकड़न लोग आर्केस्ट्रा देखत रहले, उहाँ अचानक छज्जा टूट गइल। एह हादसा में बहुते लोग घायल हो चुकल बाड़े। बतावल जाता कि दुर्घटना बहुत भयानक बा। दुर्घटना के बाद घटना स्थल पs भगदड़ मच गइल। लोग एने-ओने भागे लगले। लोग के समझ में ना आइल कि का भइल बा।

छपरा में चलत महावीर मेला में सैकड़न लोग छज्जा में आर्केस्ट्रा के मजा लेत रहले। अचानक इ छज्जा टूट गइल, जवना के चलते उहाँ भगदड़ मच गइल। कुछे देर में सैकड़ों लोग गिर गइले। मौका पs चीख-पुकार मच गइल। लोग तुरंत राहत अउरी बचाव के काम शुरू कऽ देले। घायल लोग के नजदीकी अस्पताल पहुंचावल गइल। फिलहाल घायल के संख्या के पुष्टि नइखे भइल।

छत पर सैकड़न लोग जुलूस देख रहल रहले, तबे अचानक छत गिर गइल। घायल लोग के ईसुआपुर सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र आ निजी क्लिनिक में इलाज करावल जा रहल बा। हर साल के तरह एहू साल एगो भव्य झंडा जुलूस निकालल जात रहे। जवना में कई गो आर्केस्ट्रा समूहो शामिल रहे। छत गिरला के कारण अबहियो तक पता नइखे चलल।

घटना देर रात सबेरे करीब 2 बजे भइल। घटना स्थल जिला से 40 किलोमीटर दूर बतावल जाता। घायल लोग के प्राथमिक चिकित्सा के बाद घरे भेज दिहल गइल बा। महावीर जुलूस आस्था आ सत्ता के प्रतीक हऽ। एमें आखरा आ ओह लोग के साथी लोग शामिल रहेला। एह जुलूस में झाँकी निकालल जाला। भक्त लोग विभिन्न जगहन पs फूलन के बौछार करके उनकर स्वागत करेला। महावीरी जुलूस में हथियार के प्रदर्शन पर रोक बा। जुलूस में डीजे आ बैंड के बजावे के इजाजत नइखे। प्रशासन के नजर ड्रोन कैमरा के माध्यम से पूरा जुलूस पs रहेला। कवनो गड़बड़ी करेवाला के खिलाफ कार्रवाई कइल जाला।

948860cookie-checkChhapra: महावीर मेला के आर्केस्ट्रा कार्यक्रम में छज्जा टूट के गिरल,कइ लोग घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.