Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जान दांव पs लगाके घर लौटले परीक्षार्थी, कीड़ा- मकोड़ा के जइसन ट्रेन से चिपक रहले, अनाउंसमेंट अनसुना कs पटरी पs रहले खड़ा

121
Google Ads 300*250 for posts

 

बिहार में पुलिस सिपाही बहाली के परीक्षा के दौरान अयीसन नजारा देखाई देलस जवन कि हर देशवासी के चिंतित कs देलस अवुरी देश के बेरोजगारी के असली तस्वीर सभके सोझा रखलस। नालंदा जिला के मुख्यालय बिहार शरीफ में अतवार के बिहार पुलिस कांस्टेबल परीक्षा के आयोजन भईल। एह परीक्षा में हाजिर होखे आइल नवही जब घरे लवटे लागल तs रेलवे स्टेशन पs हालात अउरी खराब हो गइल. हर जगह अराजकता पसर गईल, जवना खातीर प्रशासन कवनो तैयारी ना कईले रहे। मुजफ्फरपुर में भी हालत अयीसने रहे, जहां ट्रेन पहुंचते उम्मीदवार ओकरा पs चढ़े खातीर दौड़े लगले। एकरा चलते अवुरी यात्री के भी बहुत परेशानी भईल।

अभ्यर्थी बस, निजी वाहन भा ट्रेन के मदद से अपना घरे जात रहले. अधिकतर विद्यार्थी लमहर दूरी से आवत रहले आ ओह लोग खातिर ट्रेन सही विकल्प रहे. अयीसना में हजारों उम्मीदवार रेलवे स्टेशन पs जुट गईले। राजीगीर से पटना आ फेर पलामू जाए वाली पलामू एक्सप्रेस ट्रेन जब स्टेशन पs पहुंचल तs भीड़ बेकाबू हो गईल। प्लेटफार्म के अलावे भारी संख्या में लोग भी पटरी के बीच खड़ा रहले।

लोग ट्रेन पs टूट पड़ले

जसही ट्रेन प्लेटफार्म पs पहुंचल, भारी संख्या में लोग ट्रेन में कूद गईले। बहुत लोग आपन जान जोखिम में डाल के चलत ट्रेन में चढ़े के कोशिश कईले। स्थानीय रेल पुलिस के प्लेटफार्म पs अयीसन कवनो व्यवस्था ना मिलल, जवना से जनता के सुविधा होई। हालांकि बीच-बीच में काउंटर से घोषणा होखत जात रहे कि पटरी पs जवन लोग रहे, उs सभ लोग दूर हो जाए। बाकिर, एतना भीड़ रहे कि लोग एकरा के अनदेखी कs के पटरी के बीच खड़ा हो गईले।

 

 

 

940110cookie-checkजान दांव पs लगाके घर लौटले परीक्षार्थी, कीड़ा- मकोड़ा के जइसन ट्रेन से चिपक रहले, अनाउंसमेंट अनसुना कs पटरी पs रहले खड़ा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.