Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP: बीसी सखी लो निकलस न्याय तिरंगा यात्रा, पुलिस हिरासत में लेके ईको गार्डेन भेजलस, सीएम से होई मुलाकात

171
Google Ads 300*250 for posts

बीसी सखी सोमार के दिने लखनऊ में अपना माँग के साथे प्रदर्शन कइली आ विधानसभा का ओर मार्च कइली। रास्ता में सुरक्षाकर्मी रोक के हिरासत में लेके इको गार्डन भेज देले।

सोमवार के बीसी सखी राजधानी लखनऊ अपना मांग के लेके प्रदर्शन कइले अवरू न्याय यात्रा कइली। एह दौरान सभ प्रदर्शनकारी विधानसभा के ओर मार्च करत रहली। हालांकि सुरक्षाकर्मी ओ लोग के बापू भवन के नजदीक रोक देले।

पुलिस प्रदर्शनकारी के हिरासत में लेके इको गार्डन भेजे के काम शुरू कऽ देले।  बीसी सखी नियमितीकरण आ तनखाह बढ़ा के दस हजार रुपिया करे के माँग कइले बाड़ी। एह दौरान बीसी सखी के पांच सदस्यीय प्रतिनिधिमंडल के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से मिले खातिर ले जाइल गइल बा।

 

927070cookie-checkUP: बीसी सखी लो निकलस न्याय तिरंगा यात्रा, पुलिस हिरासत में लेके ईको गार्डेन भेजलस, सीएम से होई मुलाकात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.