Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जानि इतिहास में 17 जुलाई काहे खास बा

231

देश के इतिहास में 17 जुलाई के दिन महिला खातीर खास तौर पs महत्वपूर्ण बा काहेंकी ई ऊ दिन हs जब 1948 में प्रशासनिक सेवा आ पुलिस सेवा समेत सब लोक सेवा के परीक्षा में भाग लेवे के पात्रता महिला के भी मिलल। एकरा से पहिले ए सेवा के अधिकार सिर्फ पुरुष के रहे।

देश के इतिहास में 17 जुलाई के दिन महिला खातीर खास तौर पs महत्वपूर्ण बा काहेंकी ई ऊ दिन हs जब 1948 में प्रशासनिक सेवा आ पुलिस सेवा समेत सब लोक सेवा के परीक्षा में भाग लेवे के पात्रता महिला के भी मिलल। एकरा से पहिले ए सेवा के अधिकार सिर्फ पुरुष के रहे। देश आ दुनिया के इतिहास में 17 जुलाई के तारीख के दर्ज अउरी घटना के विवरण निम्नलिखित बा…

 

  •  1489 : सिकंदर शाह लोदी द्वितीय के नाम पर निजाम खान के दिल्ली के सुल्तान घोषित कइल गइल।
  •  1549 : यूरोपीय देश बेल्जियम के गेंट इलाका से यहूदी लोग के निकाल दिहल गइल।
  •  1712 : इंग्लैंड, पुर्तगाल आ फ्रांस युद्धविराम के संधि पर हस्ताक्षर कइलें।
  •  1850 : हार्वर्ड वेधशाला एगो तारा के पहिला फोटो खींचलस।
  •  1893 इंग्लैंड के आर्थर श्रुजबरी टेस्ट क्रिकेट में 1000 रन बनावे वाला पहिला क्रिकेटर बनलें।
  •  1919 : यूरोपीय देश फिनलैंड में संविधान के मंजूरी मिलल.
  •  1929: सोवियत संघ चीन के साथे कूटनीतिक संबंध खतम कइलस।
  • 1943 : ब्रिटेन के रॉयल एयर फोर्स (आरएएफ) जर्मनी के पीनेमुंडे रॉकेट बेस पर हमला कइलस 
  •  1948 : भारत में महिला भारतीय प्रशासनिक सेवा आ भारतीय पुलिस सेवा समेत सगरी लोक सेवा में बहाली के पात्र हो गइल।
  • 1950 : पंजाब के पठानकोट शहर के पास भारत के पहिला यात्री विमान दुर्घटनाग्रस्त भइल।
  •  1987 : ईरान आ फ्रांस के बीच कूटनीतिक संबंध टूट गइल.
  •  1995 : फोर्ब्स पत्रिका माइक्रोसॉफ्ट के संस्थापक बिल गेट्स के दुनिया के सबसे अमीर आदमी घोषित कईलस।
  •  2006: स्पेसक्राफ्ट डिस्कवरी आपन 13 दिन के अंतरिक्ष यात्रा पूरा कइलस आ केप कैनबरा (फ्लोरिडा) के स्पेस सेंटर पर सुरक्षित उतरल।
  •  2008 : अफगानिस्तान में नाटो के सेना पाकिस्तान में लुकाइल आतंकियन पर मिसाइल आ हेलीकाप्टर से हमला कइलस।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.