Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Find My Device: एह एप के 50 करोड़ लोग कइले बा डाउनलोड, रउओ करे के चाहीं, जानी काहे

624

गूगल साल 2013 में Find My Device एप के लॉन्च कइले रहे। एपल के लगे एह तरे के आपन एप बा। मोबाइल यूजर्स खातिर Find My Device बहुते काम के एप बा, हालांकि, एकरा के वेब वर्जन पs इस्तेमाल कइल सकत बा। 11 साल में गूगल के एह एप माने Find My Device के डाउनलोड्स के संख्या 500 मिलियन माने 50 करोड़ के आंकड़ा के पार कs गइल बा।

का हs Find My Device एप आ कइसे करी इस्तेमाल?

Find My Device एप डिवाइस ट्रैकिंग एप हs। एकरा मदद से रउआ अपना फोन के लाइव ट्रैक कs सकत बानी आ रिमोटली माने दूर बइठा के फोन के फॉर्मेटो कs सकत बानी। रउआ Find My Device के मदद से रिमोटली फोन के साइलेंट कs सकत बानी आ रिंग कs सकत बानी।

Find My Device के मदद से रउआ अपना भुलाइल फोन के खोज सकत बानी आ ओकरा के लॉक कs सकत बानी। Find My Device के रउआ google.com/android/find पs जाके इस्तेमाल कs सकत बानी। Find My Device के मदद से रउआ रिमोटली फोन के बैटरी के स्टेटसो देख सकत बानी। Find My Device के मदद से रउआ कार के चाबी, वॉलेट, घर के कवनो सदस्य के फोन, टैबलेट, घर के चाबी आदि के ट्रैक कs सकत बानी।

892500cookie-checkFind My Device: एह एप के 50 करोड़ लोग कइले बा डाउनलोड, रउओ करे के चाहीं, जानी काहे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.