Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Curd Rice खइले से पेट के मिलेला तुरंत ठंडक, हाज़मो होला सही; जानीं कइसे बनाइ इs साउथ इंडियन रेसिपी?

1,828
Google Ads 300*250 for posts

 

दही चावल यानी दही आ चावल एगो दक्षिण भारतीय व्यंजन हs जवना के उहाँ के लोग बहुत उत्साह से खाला खासकर एह गर्मी के मौसम में एह रेसिपी के मांग बढ़ जाला काहे कि एह मौसम में एह पकवान के खाइल स्वास्थ्य खातिर बढ़िया बा .  दरअसल दही में विटामिन सी अवुरी प्रोबायोटिक भरपूर मात्रा में होखेला, जबकि चावल में स्टार्च के भी बढ़िया मात्रा होखेला।  दही चावल बनावल बहुत आसान होला एकरा में दही, दूध आ ढेर सारा सब्जी मिलावल जाला.तs आई जानल जाव एकर रेसिपी आ एकर फायदा।

दही चावल खातिर सामग्री

2कप चावल, 2 कप दही, 1 कप दूध, 1 बारीक कटल प्याज, 2 कटल आलू, 2 बारीक कटल गाजर, 4-5 करी पत्ता, 2-3 लौंग, 6-7 काजू , 4-5 किशमिश, 3-4 बारीक कटल बादाम, नमक स्वादानुसार, 4-5 चम्मच देसी घी’

दही चावल बनावे के विधि 

दही चावल बनावे खातिर बड़का बर्तन में सब्जी के सबसे ऊँच लौ चालू कs के उबाल के पानी से से निकाल के दोसरा बर्तन में राखीं।  एकरा बाद चावल के धो के कुकर में पकाईं अब कड़ाही में 1 चम्मच देसी घी डाल के ओकरा में काजू, किशमिश आ बादाम भुन के कटोरी में निकाल लीं, अब कड़ाही में बारीक कटल प्याज के भूंज लीं जब तक कि सुनहरा ना हो जाए तब ले एकरा के बढ़िया से पकाईं अब करी के पत्ता, सरसों के दाना आ 2 गो लौंग डाल दीं।

एकरा बाद उबलल सब्जी आ नमक डाल के 1-2 मिनट ले बढ़िया से मिला लीं। अब एगो बर्तन लेके पकावल चावल के परत डाल के ओकरा ऊपर दही डाल के दही के बढ़िया से फेंट लीं। एकरा ऊपर सब्जी के मिश्रण डाल दीं आ ओकरा बाद एकरा के बढ़िया से मिला लीं।

दही चावल एह समस्या में कारगर होला

*दही चावल के सेवन से पाचन में सुधार होखेला अवुरी अपच के समस्या ना होखेला।

*दही चावल के सेवन से आपके कम प्रतिरक्षा बढ़ेला अवुरी सहनशक्ति बढ़ेला।

*दही चावल के सेवन से तनाव कम हो जाला जवना से नींद ठीक हो जाला।

*दही चावल के सेवन से भी वजन आसानी से कम हो सकता।

*दही चावल के सेवन से आपके शरीर के तापमान प नियंत्रण होखेला।

861740cookie-checkCurd Rice खइले से पेट के मिलेला तुरंत ठंडक, हाज़मो होला सही; जानीं कइसे बनाइ इs साउथ इंडियन रेसिपी?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.