Health Tips: ब्लड शुगर कंट्रोल आ स्पर्म काउंट बढ़ावे खातीर खाई ईs फल..विटामिन, मिनरल्स जइसन कईयो पोषक तत्व से भरपूर

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 3, 2024

Health Tips: कदंब के फल सेहत के खातीर रामबाण हs। आयुर्वेद के मानी तs कदंब के पत्तई, फूल आ फल सभ में औषधीय गुण होला। इs कउनो वरदान से कम नईखे। सर्दी-खांसी के अलावा शुगर

Share

Health Tips: कदंब के फल सेहत के खातीर रामबाण हs। आयुर्वेद के मानी तs कदंब के पत्तई, फूल आ फल सभ में औषधीय गुण होला। इs कउनो वरदान से कम नईखे। सर्दी-खांसी के अलावा शुगर मs इह बेहद फायदेमंद होला । शरीर के खातीर जरूरी विटामिन, मिनरल्स, एंटीऑक्सीडेंट आ अन्य पोषक तत्व एमें पावल जाला । एही कारण ह कि कदंब के फल खा‌इल बेहद फायदेमंद होला । आजू ई लेख में कदम्ब के फल के फायदा के बारेमेंs विस्तार से बतावल जाइ।

एनीमिया के मरीजन खातीर रामबाण

एनीमिया में कदंब के फल बेहद फायदेमंद होला। एमें भरपूर मात्रा में विटामिन सी आ आयरन पाइल जाइला , जवन की एनीमिया के इलाज में फायदेमंद हो सकत बा। कदम्ब के फल के सुबह खाली पेट खइला से हीमोग्लोबिन बढ़ेला । एकर रस में प्रचुर मात्रा में आयरन मौजूद रहेला , जेके शरीर आसानी से कंज्यूम क‌‌s लेला , जवन एनीमिया मरीज के खातीर फायदेमंद होला ।

ब्रेस्ट मिल्क में बढ़ोतरी 

स्तनपान करावे वाली महिला लो के खातीर कदंब के फल रामबाण औषधि हs। कदंब के फल खाए से ब्रेस्ट मिल्क के मात्रा बढ़ जाला । लेकिन इs फल के सेवन से पहिले डॉक्टर से सलाह लेवल ना भूली। काहेकी कुछ महिला लो के यह फल पचावे में परेशानी होला।

ब्लड शुगर कंट्रोल

यदि आप डायबिटीज के मरीज बानी तs इ फल आप के खातीर बहुत लाभदायक हो सकेला । एकरा सेवन से ब्लड शुगर तेजी से कंट्रोल होला । फल के अलावा कदंब के पेड़ के छाल से ब्लड शुगर लेवल नियंत्रित रहेला ।

स्पर्म काउंट में वृद्धि

कदम्ब के फल पुरुषन खातीर बेहद फायदेमंद होला । इs फल के सेवन से स्पर्म काउंट तेजी से बढ़ेला । कदंब के नियमित सेवन से पुरुषन में फर्टिलिटी बढ़ जाला । इकरा अलावा पुरुषन के स्टेमिना बढ़ावे में सहायक होला । जवन पुरुष अपना फर्टिलिटी आ स्टैमिना में वृद्धि करल चाहेले , इs फल जरूर खाए के चाही।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.