Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सबेरे-सबेरे: करीं इs योगासन, अइसे करब तs 1 हफ्ता में घटी वजन

1,310
Google Ads 300*250 for posts

 

Good morning news : आज के जीवनशैली के चलते बहुत लोग मोटापा से परेशान बाड़े अवुरी वजन कम कईल चाहतारे, लेकिन तमाम कोशिश के बावजूद उs लोग वजन कम करे में सक्षम नईखे। हालांकि वजन कम कईल बहुत मुश्किल नईखे, लेकिन सही तरीका के पालन कईल जरूरी बा। वजन कम करे खातिर कुछ लोग खाना-पीना बंद कs देवेला, चाहे एकरा उल्टा वसा घटावे वाला पेय पदार्थ पीये लागेला, लेकिन वजन कम करे खातीर आपके वसा घटावे वाला पेय पदार्थ चाहे उपवास के जरूरत नईखे, बालुक आप अपना जीवनशैली में बदलाव कs के योग अपना के वजन कम कs सकतानी।

१- अधोमुखश्वानासन-Adho Mukha Svanasana

अधोमुखश्वानासन कइल बहुत आसान बा। संगही, वजन कम करे के चाहत लोग खातीर इs बहुत मददगार होखेला। इs व्यायाम बहुत मांसपेशी पs तनी दबाव डालेला अवुरी आपके पूरा शरीर के टोन करेला।इs आपके हाथ, जांघ अवुरी पीठ के मजबूत करे में मदद करेला अवुरी शरीर के खून के संचार में सुधार करेला।

२-सेतु बंधासन-Sethu Bandha or Bridge pose

सेतु बंधासन भा ब्रिज पोज से मांसपेशी के टोन में सुधार होखेला अवुरी जांघ अवुरी पेट में चर्बी कम होखेला। इs पाचन हार्मोन के नियंत्रित करेला अवुरी थाइरॉइड के समस्या के चलते वजन बढ़े के नियंत्रित करे में मदद करेला।

3-चतुरंग दंडासन-Chaturanga Dandasana Or Plank Pose

चतुरंग दंडासन आपन कोर के मजबूत करे के सबसे बढ़िया तरीका बा। एह में राउर पेट के मांसपेशी के पूरा इस्तेमाल हो जाला। एकरा अलावे इs योग शरीर के अलग-अलग हिस्सा में जमा चर्बी के कम करे में भी मददगार होखेला।

(ईs लेख सामान्य जानकारी खातिर बा, कवनो उपाय अपनावे से पहिले डॉक्टर से सलाह लीं।) 

 

 

 

861590cookie-checkसबेरे-सबेरे: करीं इs योगासन, अइसे करब तs 1 हफ्ता में घटी वजन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.