Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

108MP कैमरा आ 256GB स्टोरोज के साथे आ सकऽता Redmi के ई नया फोन, कमाल के बा फीचर्स

1,210
Google Ads 300*250 for posts

Redmi आपन कस्टमर्स खातिर एगो नया फोन लॉन्च कइले बा। Redmi 13 4G के चुनिंदा यूरोपीय देशन में लॉन्च कइल गइल बा। एह फोन में 108MP प्राइमरी कैमरा आ 5030mAh के बैटरी मिलेला। फिलहाल कंपनी एह फोन के भारत आ अन्य मार्केट में पेश करी भा ना एकर जानकारी नइखे दिहल गइल। आई एकरा बारे में जानल जाव।

स्मार्टफोन निर्माता Redmi कंपनी Redmi कुछ चुनिंदा यूरोपीय देश अपना कस्टमर्स खातिर Redmi 13 4G के लॉन्च कऽ देले बा। एह फोन में बहुत खास फीचर्स मिलेला। एमें 5,030mAh के बैटरी, 108MP कैमरा आ 256GB स्टोरोज मिलेला।

एह फोन में डुअल रियर कैमरा सिस्टम बा आ ई IP53 रेटिंग के साथे मिलऽता। एकरा अलावा फोन में मीडियाटेक हीलियो G91 अल्ट्रा चिपसेट आ 8GB तक रैम आ बहुते खास फीचर्स मिलेला। आई एकरा बारे में जानल जाव।

Redmi 13 4G के कीमत

कीमत के बात कइल जाव तऽ एह फोन के दू गो स्टोरेज ऑप्शन में पेश कइल बा।

Redmi 13 4G के 6GB + 128GB के कीमत EUR 179.99 यानी लगभग 16,200 रूपिया से शुरू होता।

ओहिजा 8GB + 256GB वेरिएंट के कीमत EUR 199.99 यानी लगभग 18,000 रूपिया होई।

एह फोन के तीन कलर ऑप्शन- ब्लैक, ब्लू आ पींक में पेश कइल गइल बा।

जदि कस्टमर्स एकरा के खरीदल चाहऽ ताड़े तऽ ऑनलाइन रिटेलर्स के माध्यम से चुनिंदा यूरोपीय बाजारन में बिक्री खातिर उपलब्ध बा।

Redmi 13 4G स्पेसिफिकेशन

डिस्प्ले- Redmi 13 4G में 6.79-इंच के फुल-HD+ (2,400 x 1,080 पिक्सल) IPS LCD स्क्रीन बा, जवना में 90Hz रिफ्रेश रेट आ TÜV रीनलैंड लोलाइट आ फ़्लिकर-फ़्री सर्टिफिकेशन मिलऽता।

प्रोसेसर- फोन में MediaTek Helio G91 Ultra प्रोसेसर मिलऽता, जवना के 8GB तक रैम आ 256GB तक ऑनबोर्ड स्टोरेज के साथ जोड़ल गइल बा।

855120cookie-check108MP कैमरा आ 256GB स्टोरोज के साथे आ सकऽता Redmi के ई नया फोन, कमाल के बा फीचर्स

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.