देवरिया: दद्दन यादव के मउत के मामिला में डीएम आ एसपी के जांच के आदेशl

Minee Upadhyay

 

 

 

बरहज थाना के तहत सतराव चौकी के एगो निरीक्षक एगो दद्दन यादव के एगो छोट विवाद के चलते पीटले रहले सs। आरोप बा कि एs मारपीट के चलते उनुकर मउत हो गईल। एकरा संगे अब मानवाधिकार आयोग एs मामला के संज्ञान लेके देवरिया के डीएम अवुरी एसपी के जांच के आदेश देले बा। संगही, 11 जुलाई 2024 तक जांच रिपोर्ट जमा करे के कहल गईल.

बता दीं कि हाल ही में बरहज थाना अंतर्गत सतराव चौकी के इंस्पेक्टर वीरेंद्र कुशवाहा आ अउरी पुलिसकर्मी दद्दन यादव के बुरी तरह से पिटाई कईले रहले, जवना के चलते दद्दन यादव के इलाज के दौरान मउत हो गईल। एs मामिला के लेके मानवाधिकार आयोग में इलाहाबाद हाईकोर्ट के अधिवक्ता डॉ. गजेन्द्र सिंह यादव के ओर से शिकायत दर्ज करावल गईल, जवना के संज्ञान में आयोग जांच के आदेश देले बा।

अधिवक्ता के कहनाम बा कि हमनी के उम्मीद बा कि जांच निष्पक्ष होई अवुरी दोषी के खिलाफ कार्रवाई होई। जांच में प्रशासन पूरा सहयोग करी, बाकीर अचरज के बात बा कि अबे ले आरोपी पुलिसकर्मी के गिरफ्तारी नईखे भईल। उक्त लोग के जांच से पहिले गिरफ्तार कs लेवे के चाही, ताकि उs जांच अवुरी सबूत के प्रभावित ना कs सके। अगर समय रहते गिरफ्तारी ना भईल तs जल्दीए हाईकोर्ट में जाके गिरफ्तारी अवुरी उचित जांच के मांग करब।

अधिवक्ता बतवले कि मरेवाला के तीन बेटी रहली अवुरी परिवार में उs एकमात्र कमाई करेवाला रहले। एहसे जिला प्रशासन से उम्मीद बा कि पीड़ित परिवार के आर्थिक मदद दिहल जाए, ताकि परिवार के भरण-पोषण के कवनो समस्या के सामना ना करे।

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।