[the_ad_group id="30365"]

Delhi Fire: आनंद विहार के झुग्गी में बीतल रात लागल भीषण आग, तीन लोगन के जिंदा जरके मौत

Delhi Fire: आनंद विहार के झुग्गी में बीतल रात लागल भीषण आग, तीन लोगन के जिंदा जरके मौत
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आनंद विहार के कड़कड़डूमा कोर्ट के लगे सोमार के देर रात एगो झुग्गी में आग लाग गइल। आग में झुलस के तीन लोगन के मौत हो गइल।सूचना मिलतही दमकल के दुगो गाड़ी मवका पर पहुंचल आ आधा घंटा में आग पs काबू पा लिहल।

तलाशी के दौरान झुग्गी से दमकल कर्मियन के तीन गो शव झुलसल अवस्था में मिलल। पुलिस शवन के पोस्टमाटर्म खातिर भेज देले बिया। मृतकन के पहचान जग्गी (34), श्याम सिंह (36) आ जितेन्द्र (35) के रूप में भइल बा। तीनो ओरैया के रहे वाला रहे लो।

दमकल विभाग के मोताबिक, सोमार के देर रात करीब 2:22 बजे कड़कड़डूमा कोर्ट इस्थित एजीसीआर एंक्लेव के झुग्गी में आग लगला के सूचना मिलल। सूचना मिलतही स्थानीय पुलिस आ दमकल के दुगो गाड़ी मवका पs पहुंचल। दमकल कर्मी आधा घंटा के भीतर आग पs काबू पवलस। फिलहाल, पुलिस आग लगला के कारणन के जांच कs रहल बिया।

ओहिजा, दूसरका ओर खबर बा कि तीस हजारी कोर्ट के लॉकअप में एगो कैदी के संदिग्ध मौत हो गइल बा। कैदी मंडोली जेल में रहे। फिलहाल, पुलिस ममिला के जांच में जुट गइल बा।

Read Also: IPL 2025: अब दु साल तक आईपीएल ना खेल पइहें हैरी ब्रूक, दिल्ली के टीम में चुनल गइला के बाद अनुबंध कइलें खत्म

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]