[the_ad_group id="30365"]

थाईलैंड में चाइल्ड केयर सेंटर पर भइल अंधाधुंध फायरिंग, 22 लइका समेत 31 के उतरलस मौत के घाट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

थाईलैंड के पूर्वोत्तर प्रांत में एगो बाल देखभाल केंद्र (Child Care Centre) में सामूहिक गोलीबारी में कम से कम 31 लोग मारल गइल बानें। मृतकन में कुल 22 लइके अउर नौ व्यस्क शामिल बानें। वारदात के अंजाम दे के हमलावर फरार हो गइल बानें। समाचार एजेंसी रॉयटर्स  पुलिस प्रवक्ता के हवाला से एकर जानकारी देहले बानें।
राष्ट्रीय पुलिस के प्रवक्ता अचयों क्रैथोंग बतवले कि घटना नोंग बुआ लाम्फू प्रांत के ह। हमलावर के तलाशी खातिर ऑपरेशन चलावल जा रहल बा। एगो सरकारी प्रवक्ता कहलें कि प्रधानमंत्री सब एजेंसियन के कार्रवाई करे अउर अपराधी के पकड़े के आदेश जारी कs दिहलें बानें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]