Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

iOS 17 भइल लॉन्च, का राउर आईफोन से मिल सकेला एकर अपडेट? पुरान फोन हो जाइ नया जइसन

एप्पल आईफोन यूजर खातिर आईओएस 17 अपडेट जारी कईले बा। इ नाया आईओएस अपडेट पुरान आईफोन के भी तगड़ा स्पीड दिही। एह नया अपडेट में यूजर के बहुते नया कस्टमाइजेशन विकल्प मिल जाई। 

2,473
Google Ads 300*250 for posts

 

एप्पल एह साल आपन डब्ल्यूडब्ल्यूडीसी 2023 इवेंट में आईफोन खातिर आईओएस 17 लॉन्च करे के एलान कइले रहे। कंपनी अबे ले ए ऑपरेटिंग सिस्टम के परीक्षण करत रहे। आईफोन यूजर बहुत दिन से ए अपडेट के इंतजार करत रहले। आखिरकार एप्पल यूजर्स खातिर आईओएस 17 जारी कईले बा अवरू अब लोग के एकर अपडेट मिले लागल बा।

एप्पल 12 सितंबर के आयोजित आईफोन लॉन्चिंग इवेंट वंडरलस्ट में आईओएस 17 के लॉन्चिंग डेट के घोषणा कईले रहे। आईओएस 17 एप्पल आईफोन में ए साल अब तक के सबसे बड़ अपडेट बा। एह अपडेट में यूजर के बहुते बड़हन फीचर मिले वाला बा। अगर आपके लगे आईफोन के पुरान मॉडल बा त इ अपडेट बहुत उपयोगी होई।

आईफोन के ए मॉडल के मिली अपडेट

जवना आईफोन के iOS 17 के अपडेट मिली, ओकरा में आईफोन 15 सीरीज, आईफोन 14 सीरीज, आईफोन 13, आईफोन 12 सीरीज के मॉडल, आईफोन 11 सीरीज के मॉडल के सभ मॉडल शामिल होई। एकरा संगे जदी आपके लगे आईफोन एक्सएस, आईफोन एक्सएस मैक्स, आईफोन एक्सआर, आईफोन एसई 2020 अवुरी आईफोन एसई 2022 में से कवनो आईफोन बा, त आपके आईओएस 17 के अपडेट भी मिली। जवना आईफोन के आईओएस 17 के सपोर्ट ना मिली, ओकरा में आईफोन 8, आईफोन 8 प्लस, अवुरी आईफोन एक्स डिवाइस शामिल बा।

iOS 17 में मिली एह बड़ फीचर्स

कॉन्टैक्ट पोस्टर के सुविधा 

आईओएस17 में अपडेट होखला के बाद आप अपना फोन में कॉन्टैक्ट वॉल के कस्टमाइज क सकतानी। एह फीचर में यूजर के एप्पल कॉल के कस्टमाइज करे के विकल्प मिली। कॉन्टैक्ट वॉल में आपन पसंद के मुताबिक पोस्टर, इमोजी, फोटो बदल सकेनी।

आया नेम ड्राप फीचर

एप्पल के इ फीचर आपके संपर्क साझा करे के प्रक्रिया के अनुभव के आसान बना दिही। एह फीचर के इस्तेमाल करे खातिर रउरा अपना आईफोन के होल्ड करे के होइ। दोसरा आईफोन भा एप्पल वॉच पs NameDrop के इस्तेमाल करे के पड़ी। एह फीचर के मदद से आप कवनो संपर्क चाहे ईमेल के एक डिवाइस से दूसरा डिवाइस में साझा क सकेनी। बस रउरा अपना फोन के दोसरा फोन से टच कराए के पड़ी।

लाइव वॉयसमेल के सुविधा

अगर केहू रउरा के फोन क के मैसेज छोड़ दी त अब रउरा लाइव ट्रांसक्रिप्शन मिल जाई। फोन करे वाला के मैसेज छोड़ला के दौरान भी आप कॉल के जवाब दे सकतानी। रउरा फोन के जवाब देबे के जरूरत ना पड़ी आ ई जाने के जरूरत ना पड़ी कि ऊ कवना टॉपिक पs बात कइल चाहत बा.

 

 

 

643590cookie-checkiOS 17 भइल लॉन्च, का राउर आईफोन से मिल सकेला एकर अपडेट? पुरान फोन हो जाइ नया जइसन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.