[the_ad_group id="30365"]

पांच घंटा तक बिजली आपूर्ति रही बाधित: सबेरे 10 से दुपहरिया तीन बजे तक सप्लाई होई प्रभावित, एलटी आ एचटी तारन के होई मरम्मत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोनपुर प्रखंड के नगर से लेके ग्रामीण क्षेत्रन में विद्युत तार के मरम्मत होई। कार्तिक पूर्णिमा के दौरान लागे वाला महामेला के लेके बिजली विभाग सुरक्षा के दृष्टिकोण से तार के मरम्मत काम करी। पांच घंटा के पावर कट कइल जाई। सबेरे 10 बजे से दुपहरिया 3 बजे तक अलग-अलग क्षेत्रन में बिजली आपूर्ति बाधित रही। बरसात के मौसम होखला के चलते सोनपुर क्षेत्र में अव्यवस्थित तरीका से बढ़ल पेड़-पौधन के कटाई-छंटाई कs  के आसपास से गुजर रहल एलटी आ एचटी तारन के मरम्मत काम कइल जाये के बा।

कार्तिक पूर्णिमा में लागे वाला एशिया के सबसे बड़ मेला में बिजली सुचारू रूप से संचालित करे के उद्देश्य से पावर कट कइल जाई। तीन बजे के बाद फेर से सब क्षेत्रन में बिजली बहाल कs दिहल जाई।

एह इलाकन में बिजली होई प्रभावित

विद्युत विभाग के एसडीओ शंभू कुमार कहलें कि विद्युत तारन  के दुरुस्त करे खातिर विद्युत आपूर्ति सोमार के बाधित कइल जा रहल बा। जेमे सोनपुर मेला फीडर के अंतर्गत आनन्दपुर, माहेश्वरी चौक, एसबीआई नियर, मेला ग्राउंड, चिड़िया बाजार, नखास, मिना बाजार, हरिहरनाथ मंदिर एरिया। जबकि नयागांव फीडर के अधीन गोविंदचक, परमानन्दपुर, सीताबगंज , चित्रसेनपुर, फकराबाद, बाकारपुर में सबेरे 10 बजे से तीन बजे तक विद्युत आपूर्ति बाधित रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]