यात्रीगण ध्यान दीं: 31 जुलाई के निरस्त रही गोरखपुर वाराणसी सिटी एक्सप्रेस, जानि का बा वजह
31 जुलाई के गोरखपुर से रवाना होखे वाली गोरखपुर-कोलकाता एक्सप्रेस गोरखपुर कैंट-कप्तानगंज-सीवान के डायवर्ट मार्ग से चली। जबकि 30 जुलाई के अमृतसर से चले वाली अमृतसर-जयनगर एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग गोरखपुर कैंट-कप्तानगंज-सिवान से चली।
वाराणसी संभाग के भटनी स्टेशन यार्ड में इंजीनियरिंग के काम खातिर ब्लॉक दिहल जाई। एकरा चलते बहुत ट्रेन के संचालन रद्द हो जाई। त कुछ ट्रेन के रूट बदल दिहल जाई। कुछ ट्रेन शॉर्ट टर्मिनेशन/शॉर्ट ओरिजिनेशन होई। गोरखपुर वाराणसी सिटी एक्सप्रेस 31 जुलाई के रद्द हो जाई।
रेलवे से मिलल जानकारी के मुताबिक 03 अगस्त के चले वाला गोरखपुर-वाराणसी सिटी एक्सप्रेस, 31 जुलाई अवुरी 03 अगस्त के वाराणसी सिटी से चले वाली वाराणसी सिटी-गोरखपुर एक्सप्रेस, गोरखपुर से 31 जुलाई अवुरी 03 अगस्त के चलत गोरखपुर-छपरा अनारक्षित विशेष गाड़ी, छपरा से गोरखपुर से 31 जुलाई आ 03 अगस्त के चले वाली अनआरक्षित विशेष ट्रेन रद्द रही। एकरा अलावे 31 जुलाई के काठगोदम-हावड़ा एक्सप्रेस लखनऊ डिवीजन पs चली अवुरी 31 जुलाई अवुरी 03 अगस्त के 60 मिनट के नियंत्रण के संगे सोनपुर डिवीजन पs हटिया-गोरखपुर एक्सप्रेस चली।
एह ट्रेनन के रूट में भइल बा बदलाव
31 जुलाई आ 03 अगस्त के सीतामढ़ी से रवाना होखे वाली सीतामढ़ी-आनंद विहार टर्मिनस एक्सप्रेस छपरा-बलिया-इंदरा के डायवर्ट मार्ग से चली। 30 जुलाई अवुरी 02 अगस्त के आनंद विहार टर्मिनस से निकले वाली आनंद विहार टर्मिनस-सीतामढ़ी एक्सप्रेस इंदारा-बलिया-छपरा के डायवर्ट मार्ग से चली। 30 जुलाई के नई दिल्ली से चले वाली नई दिल्ली-सहरसा एक्सप्रेस गोरखपुर कैंट-कप्तानगंज-सिवान के डायवर्ट मार्ग से चली।
Comments are closed.