Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

शेयर बाजार नया ऑल टाइम हाई बनवलस: सेंसेक्स 502 अंक चढ़के 66,060 पs बंद, निफ्टियो अपना नया हाई पs पहुंचल

4,860

शेयर बाजार आज माने सुक के (14 जुलाई) के आपन नया ऑल टाइम हाई बनवले बा। सेंसेक्स 502 अंक चढ़के 66,060 स्तर पs बंद भइल, ई एकर नया क्लोजिंग हाई बा। कारोबार के दौरान सेंसेक्स अपना 66,159 के नया ऑल टाइम हाई आ 52-वीक हाई बनवलस। सेंसेक्स के 30 में से 19 शेयरन में तेजी आ 11 में गिरावट रहल।

निफ्टियो 150 अंक के तेजी के संगे 19,564 के आपन नया क्लोजिंग हाई बनवलस। ओहिजा के कारोबार के दौरान निफ्टियो आ 19,595.35 के नया ऑल टाइम हाई आ 52-वीक हाई बनवलस।

TCS-इंफोसिस निफ्टी-50 के टॉप गेनर

TCS, इंफोसिस, टेक महिंद्रा, LTIM, HCL टेक, हिंडाल्को आ आयर मोटर्स समेत निफ्टी-50 के 34 शेयरन में तेजी रहल। HDFC लाइफ, पावर ग्रिड, डॉ रेड्‌डी, अल्ट्रा-टेक सीमेंट, टाइटन, मारुति, M&M आ सन फार्मा समेत निफ्टी के 16 शेयरन में गिरावट देखे के मिलल।

IT सेक्टर में सबसे जादे 4.45% के तेजी रहल

NSE के सब 11 सेक्टोरल इंडेक्स में तेजी देखे के मिलल। IT सेक्टर में सबसे जादे 4.45% के तेजी रहल। मीडिया सेक्टर में 3.94% के तेजी आइल। मेटल आ रियल्टी सेक्टर में 1% से जादे के तेजी रहल। ओहिजा बैंक, ऑटो, फाइनेंशियल सर्विसेज, FMCG, फार्मा, PSU बैंक आ प्राइवेट बैंक सेक्टर में तेजी देखे के मिलल।

सेन्को गोल्ड के 36% प्रीमियम पs लिस्टिंग

सेन्को गोल्ड के 36% प्रीमियम पs लिस्टिंग भइल। ई BSE पs 431 रुपिया/शेयर पs लिस्ट भइल। ओहिजा NSE पs ई 430 रुपिया पs लिस्ट भइल। एकर इश्यू प्राइस 317 रुपिया रहे। कंपनी एह IPO के माध्यम से 405 करोड़ रुपिया जुटवले बिया। कंपनी दुबई, मलेशिया आ सिंगापुर में ज्वेलरी एक्सपोर्ट करेले। एकर भारत के 13 राज्यन में 127 शोरूम बा।

नतीजन के बाद विप्रो के शेयरन में तेजी

IT कंपनी विप्रो (Wipro) बियफे (13 जुलाई) के Q1FY24 माने फाइनेंशियल ईयर 2024 के पहिला तिमाही के नतीजा जारी कइले बिया। अप्रिल-जून तिमाही में कंपनी के नेट प्रॉफिट पिछला साल के एही तिमाही के मुकाबले 11.95% बढ़के 2,870 करोड़ रुपिया रहल।

एक साल पहिले Q1FY23 में कंपनी के 2563 करोड़ रुपिया के नेट प्रॉफिट भइल रहे। हालांकि, तिमाही आधार पs कंपनी के नेट प्रॉफिट में 6.6% के गिरावट आइल  बा। विप्रो के शेयर करीब 2.68% बढ़के 404.85 रुपिया पs बंद भइल।

बियफे के बाजार नया ऑल टाइम हाई बनवले रहे।
शेयर बाजार में बियफे के तेजी देखे के मिलल रहे। बाजार नया ऑल टाइम हाई बनवले रहे। सेंसेक्स कारोबार के दौरान 66,064 के लेवल छुअले रहे। हालांकि, बाद में एमे तनिका गिरावट देखे के मिलल आ ई 164 अंकन के बढ़त के संगे 65,558 पs बंद भइल रहे। निफ्टी 19,567 के लेवल छुअले रहे। निफ्टी में 29 अंकन के तेजी रहल। ई 19,413. के स्तर पs बंद भइल रहे।

598750cookie-checkशेयर बाजार नया ऑल टाइम हाई बनवलस: सेंसेक्स 502 अंक चढ़के 66,060 पs बंद, निफ्टियो अपना नया हाई पs पहुंचल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.