[the_ad_group id="30365"]

भोजपुरी के पहिला उपन्यासकार रामनाथ पांडेय के घरे पहुंचली मॉरीशस के मेहमान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंदौर: मॉरीशस के पूर्व उप प्रधानमंत्री हरीश बुद्धू के पत्नी डॉ.सरिता बुद्धू 12 जनवरी के इंदौर में भोजपुरी भाषा के पहिला उपन्यासकार स्व.रामनाथ पांडेय के घरे पहुंच के उनका परिजनन से मुलाकात कइली। उहां उनका जब पांडेयजी द्वारा लिखित ऐतिहासिक भोजपुरी उपन्यास ‘महेन्दर मिसिर’ के प्रति भेंट कइल गइल तs ऊ गदगद हो गइली। डॉ.बुद्धू मॉरिशस में भोजपुरी भाषा के विकास खातिर लगातार काम कर रहल बाड़ी।

डॉ.बुद्धू इंदौर में प्रवासी भारतीय सम्मेलन में भाग लेवे आइल रहली। ऊ बतवली कि इंदौर उनका बहुते अच्छा लागल, जदि भारत के हर शहर इंदौर जइसन साफ-सुथरा हो जाव तs का कहे के बा? इहां के मेहमानवाजी आ खानपान के कल्चर के ऊ जमके तारीफ कइली। डॉ. बुद्धू कहली कि वे जब कबो ऊ भारत आवेली, उनका भोजपुरिया लोगन से मिलल बहुते अच्छा लागेला। ऊ खुद धाराप्रवाह भोजपुरी बोलेली।

ऊ बतवली कि स्व.रामनाथ पांडेय के घरे पहुंचके उनकर यात्रा आउर यादगार बन गइल। ऊ कहली कि भोजपुरी में लगातार बढ़िया लेखन हो रहल बा। ऊ नया लोगन के एह ओर आगे बढ़े के कहली। स्व.रामनाथ पांडेय के पुत्र आ सारण भोजपुरिया समाज के संस्थापक बिमलेन्दु भूषण पांडेय आ मीना पांडेय शॉल आ पुष्पमाला से उनकर स्वागत कइल लोग।

एह अवसर पs पांडेयजी के छोट पुत्र अर्ध्देन्दु भूषण उपस्थित रहलें । डॉ. बुद्धू इंदौर के प्रसिद्ध खजराना गणेश में दर्शन कs के भगवान गणपति के आशीर्वाद लेली। उहां उनकर स्वागत मंदिर के मुख्य पुजारी पं.अशोक भट्‌ट कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]