Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Siwan: छठ महापर्व के अवसर प कइल गइल साड़ी के वितरण

422

सीवान/सुबाष कुमार शर्मा: हसनपुरा प्रखंड के अरंडा गांव में सइयन गो माता आ बहिन लोगन के बीच साड़ी के वितरण हैपी फाउंडेशन के संस्थापक अख्लाकुर रहमान अपना हाथन से कइलें। संगही में हसनपुरा के चिकित्सक पंकज कुमार सैनिटरी पैड्स के वितरण महिला लोगन के स्वास्थ्य जागरूकता खातिर आ बेमारियन से बचावे खातिर कइलें। डॉ श्री कुमार कहले कि हैप्पी फाउंडेशन बेहतर काम क के हिंदू मुस्लिम एकता के संदेशो दे रहल बा। कहलें कि त्यौहार कवनो होखे इंसानियत जिंदा रहे के चाहीं। मवका प चंदन कुमार रजक सहित सइयन गो ग्रामीण महिला आ पुरूष उपस्थित रहे लो।

363160cookie-checkSiwan: छठ महापर्व के अवसर प कइल गइल साड़ी के वितरण

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.