[the_ad_group id="30365"]

Siwan: छठ महापर्व के अवसर प कइल गइल साड़ी के वितरण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान/सुबाष कुमार शर्मा: हसनपुरा प्रखंड के अरंडा गांव में सइयन गो माता आ बहिन लोगन के बीच साड़ी के वितरण हैपी फाउंडेशन के संस्थापक अख्लाकुर रहमान अपना हाथन से कइलें। संगही में हसनपुरा के चिकित्सक पंकज कुमार सैनिटरी पैड्स के वितरण महिला लोगन के स्वास्थ्य जागरूकता खातिर आ बेमारियन से बचावे खातिर कइलें। डॉ श्री कुमार कहले कि हैप्पी फाउंडेशन बेहतर काम क के हिंदू मुस्लिम एकता के संदेशो दे रहल बा। कहलें कि त्यौहार कवनो होखे इंसानियत जिंदा रहे के चाहीं। मवका प चंदन कुमार रजक सहित सइयन गो ग्रामीण महिला आ पुरूष उपस्थित रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]