Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार बोर्ड कक्षा 11 में एडमिशन खातीर ए इनरोलमेंट तारीख बढ़ल, जानि अब कब ले क सकेनी आवेदन

434

 

बिहार स्कूल परीक्षा बोर्ड बिहार बोर्ड कक्षा 11 में दाखिला के तारीख बढ़ा दिहलस। पहिला सूची के मुताबिक कक्षा 11 में छात्र के नामांकन के अंतिम तिथि 10 जुलाई 2023 तक बढ़ा दिहल गईल बा। कक्षा 11 में प्रवेश लेवे के चाहत उम्मीदवार ओएफएसएस के आधिकारिक वेबसाइट ofssbihar.in पs जाके आधिकारिक सूचना के जांच क सकतारे। पहिले नामांकन के आखिरी तारीख 4 जुलाई 2023 तक रहे जवना के बढ़ा दिहल गईल बा। पहिला चयन सूची में चुनल छात्र उपर के तारीख तक अपना आवंटित शैक्षणिक संस्थान में नामांकन करा सकतारे।ल
बीएसईबी के ओर से अपना आधिकारिक ट्विटर हैंडल प साझा कईल नोटिस के मुताबिक, जवन उम्मीदवार पहिला सूची में चुनल जाता अवुरी नामांकन ना लेवेले, ओ लोग के नाम ओएफएसएस पोर्टल से हटा दिहल जाई।

बोर्ड शैक्षिक संस्थान के प्रिंसिपल भा नामांकन अधिकारी से कहले बा कि पहिला चुनल सूची के आधार पs नामांकित सभ छात्र के सूची के 11 जुलाई 2023 ले अपडेट क दिहल जाए। बाकी सीट दुसरका चयन सूची में शामिल विद्यार्थियन के दिहल जाई। संगही, जवना छात्र के कवनो स्कूल चाहे कॉलेज में दाखिला लेवे के होई, उ 10 जुलाई 2023 ले ओएफएसएस के आधिकारिक वेबसाइट पs नाया विकल्प भर सकतारे चाहे पहिले के पसंद में बदलाव क सकतारे। अधिक जानकारी खातिर उम्मीदवार ओएफएसएस के आधिकारिक वेबसाइट पs जा सकतारे।

 

587780cookie-checkबिहार बोर्ड कक्षा 11 में एडमिशन खातीर ए इनरोलमेंट तारीख बढ़ल, जानि अब कब ले क सकेनी आवेदन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.