Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Samsung Galaxy M34 5G भारत में सुपर एमोलेड डिस्प्ले के साथे 7 जुलाई के होइ लॉन्च, जानि डिटेल्स

2,351

Samsung Galaxy M34 5G Launch in India: सैमसंग 7 जुलाई के भारत में सैमसंग गैलेक्सी एम 34 5जी लॉन्च करे जा रहल बा। अब फोन के लॉन्च होखे में मात्र करीब 1 सप्ताह के समय बाचल बा। सैमसंग गैलेक्सी एम34 5जी बजट अवरू फ्लैगशिप के बीच के स्मार्टफोन बने वाला बा। अयीसना में एकर दाम भी काफी उचित होई। लॉन्च होखे से पहिले भी ए स्मार्टफोन के फीचर के बारे में बहुत विवरण के खुलासा भईल बा। Galaxy M34 5G में 120Hz रिफ्रेश रेट के संगे एमोलेड डिस्प्ले दिहल जाई।

सैमसंग गैलेक्सी एम 34 5जी के लॉन्च करे के पूरा तइयारी कईले बा। कंपनी एकरा खातिर ई-कॉमर्स वेबसाइट अमेजन पs माइक्रोसाइट के लाइव भी बनवले बिया। इ डिवाइस बेंचमार्क वेबसाइट ग्रीकबेंच पs मॉडल नंबर एसएम-एम346बी के संगे देखल गईल बा। बेंचमार्क से मिलल जानकारी के मुताबिक गैलेक्सी एम34 5जी में यूजर के Exynos 1280 प्रोसेसर मिली। सैमसंग आपन एम सीरीज अवुरी ए सीरीज के बहुत स्मार्टफोन में ए चिपसेट के इस्तेमाल करेला।

सैमसंग गैलेक्सी एम34 5जी के फीचर

सैमसंग गैलेक्सी एम34 5जी के बेंचमार्क में सिंगल कोर में 956 अंक मिलल जबकि मल्टी कोर में स्मार्टफोन 2032 अंक हासिल कईलस। एकरा में आपके 6.74 इंच के सुपर एमोलेड डिस्प्ले मिली, जवना के रिफ्रेश रेट 120Hz होई। डिस्प्ले वॉटर ड्रॉप नॉच डिजाइन के संगे आई।

सैमसंग गैलेक्सी एम34 5जी के कैमरा फीचर के बात कईल जाए त पीछे के हिस्सा में ट्रिपल कैमरा स्लॉट उपलब्ध होई, जवना में 50 मेगापिक्सल के प्राथमिक कैमरा होई। एकरा में ऑप्टिकल इमेज स्टेबलाइजेशन के सपोर्ट कईल जाई। एकरा संगे ए स्मार्टफोन में 6जीबी रैम के सपोर्ट भी मिली। स्मार्टफोन में 6000mAh के बैटरी दिहल जाई, जवना में 25W के फास्ट चार्जिंग होई। सैमसंग ए डिवाइस के तीन रंग के विकल्प में व्हाइट, ग्रीन अवरू पर्पल लॉन्च क सकता।

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.