वीगन लेदर फिनिश वाला मोटोरोला फोन आज होई लॉन्च, Motorola Edge 50 Neo के तगड़ा स्पेक्स के संगे होई एंट्री

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 16, 2024

खबर भोजपुरी टेक डेस्क। मोटोराला अपना भारतीय ग्राहकन खातिर आज Motorola Edge 50 Neo फोन लॉन्च कs रहल बा। एह फोन के कंपनी वीगन लेदर फिनिश के संगे ले आ रहल बा। फोन के लैंडिंग

Share

Motorola Edge 50 Neo आज हो रहल बा लॉन्च

खबर भोजपुरी टेक डेस्क। मोटोराला अपना भारतीय ग्राहकन खातिर आज Motorola Edge 50 Neo फोन लॉन्च कs रहल बा। एह फोन के कंपनी वीगन लेदर फिनिश के संगे ले आ रहल बा। फोन के लैंडिंग पेज ऑनलाइन शॉपिंग वेबसाइट फ्लिपकार्ट पs कुछ दिन पहिलही लाइव हो चुकल बा। कंपनी लॉन्च से पहिलही एह फोन के सारा फीचर्स से पर्दा हटा चुकल बिया। जदि रउओ एगो नया फोन किने के प्लान बना रहल बा तs मोटोरोला के अपकमिंग फोन के फीचर्स चेक कs सकत बानी-

Motorola Edge 50 Neo के पावरफुल स्पेक्स

डिस्प्ले

मोटोरोला फोन 6.4 इंच सुपर एचडी LTPO अडैप्टिव डिस्प्ले,120hz रिफ्रेश रेट आ 3000 निट्स तक पीक ब्राइटनेस सपोर्ट के संगे ले आवल जाई।

डिजाइन आ कलर

मोटोरोला के एह फोन के प्रीमियम वीगन लेदर फिनिश के संगे चार कलर Nautical Blue, Latte, Grisaille और Poinciana में ले आवल जा रहल बा। फोन एक्सीडेंटल ड्रॉप प्रोटेक्शन आ फ्रीज प्रूफ ड्येरिबिलिटी के संगे आवेला।

कैमरा

Motorola Edge 50 Neo फोन के Sony LYTIA 700C सेंसर के संगे 50MP अल्ट्रा पिक्सल कैमरा के संगे ले आवल जाई। फोन 10MP टेलीफोटो लेंस आ 32MP सेल्फी कैमरा के संगे ले आवल जा रहल बा।

बैटरी आ चार्जिंग

अपकमिंग मोटोरोला फोन 68 वॉट टर्बो चार्जिंग आ 15W वायरलैस चार्जिंग के संगे ले आवल जा रहल बा। फोन 5000mAh बैटरी से लैस हो सकत बा।

ओएस अपडेट

कंपनी लॉन्च से पहिलही कंफर्म कइले बिया कि फोन पांच साल के ओएस अपडेट आ पांच साल के सिक्योरिटी अपडेट के संगे ले आवल जाई।

बता दीं, कंपनी अभी ले फोन के प्रोसेसर आ बैटरी स्पेक्स के लेके जानकारी नइखे दिहल गइल। फोन लॉन्च होखला के संगही एकर स्पेक्स के डिटेल्स सामने आ जाई। कंपनी एह फोन के एक घंटा के फ्लैश सेल लाइवो करी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.