Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

झारखंड- बिहार के साँच घटना पs आधारित फिल्म ”कुसुम का बियाह’ के ट्रेलर वायरल हो गईल

1,204

 

हिन्दी सिनेमा में असली घटना पs आधारित कहानी वाला फिलिम दर्शकन के पसंद आ रहल बा। एह सीक्वेंस में निर्देशक शुवेंदु राज घोष अइसने एगो फिलिम “कुसुम का बियाह” ले आवे वाला बाड़न, जवना के धांसू ट्रेलर रिलीज हो चुकल बा। एह फिल्म के ट्रेलर में मनोरंजन के संगे एगो सस्पेंस बा, जवन कि दर्शक के भी बहुत पसंद बा। ई फिलिम कोरोना महामारी के समय के एगो सच्चा घटना पs आधारित बा। फिलिम 21 जुलाई के देश भर के सिनेमा हॉल में रिलीज होखे वाला बा।

 

कोरोना महामारी के चलते सरकार के ओर से लगावल लॉकडाउन में बहुत परिवार फंस गईल। अयीसना में “कुसुम का बियाह” के कहानी बिहार से झारखंड जाए वाला एगो बियाह के बारात के फंसला के घटना पs आधारित बा। कोविड के दौरान केंद्र सरकार के रातों रात के फैसला के चलते ग्रामीण क्षेत्र में जीवन ठप हो गईल। एह कहानी में एगो अउरी खास मुद्दा के बात कइल गइल बा कि बिहार झारखंड राज्यन के बीच आपसी मतभेद आ तनाव के चलते आम आदमी कइसे सरकारी व्यवस्था में फंस जाला। साल 2000 से पहिले बिहार अवुरी झारखंड दुनो एक राज्य रहे, बंटवारा के संगे दुनो राज्य के बीच बहुत गहरा मतभेद रहे। महामारी के चलते दु राज्य के सीमा पs कुसुम के बियाह बारात के फंसला के घटना के सिर्फ कुछ अखबार अवुरी स्थानीय टीवी चैनल में जगह मिलल। बाकिर अब एह घटना पs आधारित फिल्म “कुसुम का बियाह” बड़का परदा पs मनोरंजक तरीका से देखावल जाई।

ट्रेलर में एह ग्रामीण कहानी खातिर सिक्किम के सुजाना दर्ज़ी आ हरियाणा के करनाल के लवकेश गर्ग के मुख्य भूमिका में राजा सरकार, सुहानी विश्वास आ प्रदीप चोपड़ा के भोला-भाला गाँव के लोग के रूप में देखावल गइल बा। एकरा बारे में निर्देशक शुवेंदु राज घोष कहले कि, फिल्म में परदा पs एगो असली घटना के मनोरंजक तरीका से बतावल जाता कि कुसुम अवुरी सुनील के बियाह के बारात 48 घंटा से जादे समय तक बांस के पुल पs काहें फंसल रहे। हमनी के फिल्म एगो सच्चा घटना से प्रेरित बा, हमनी के दुनो राज्य के आपसी मतभेद चाहे विवाद के देखावे के कोशिश नईखी करत, जदी इ कहानी कवनो सरकारी व्यवस्था के ठीक करे अवुरी दुनो राज्य के बीच आपसी समन्वय अवुरी प्रेम बढ़ावे के संदेश देवे त इ एगो… हमनी सभे खातिर बहुत सफल प्रयास होई।

आय लीड फिल्म्स, बलवंत पुरोहित मीडिया आ एसआरजी फिल्म्स के बैनर तले बनल “कुसुम का बियाह” में लवकेश गर्ग, सुजाना दर्ज़ी, राजा सरकार, सुहानी बिस्वास, पुण्य दर्शन गुप्ता, रोज़ी रॉय आ प्रदीप चोपड़ा मुख्य भूमिका में बाड़े। फिल्म के कहानी आ स्क्रीन प्ले विकास दुबे आ संदीप दुबे लिखले बाड़न, फिल्म के संगीत भानु सिंह, संपादन राज सिंह सिंधु आ बैकग्राउंड स्कोर बॉब के डिजाइन कइले बाड़न, फिल्म के निर्माता प्रदीप चोपड़ा हउवें आ बलवंत पुरोहित, फिलिम के निर्देशक बाने। शुवेंदु राज घोष कइले बाड़न।

 

575470cookie-checkझारखंड- बिहार के साँच घटना पs आधारित फिल्म ”कुसुम का बियाह’ के ट्रेलर वायरल हो गईल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.