गोरखपुर में आज ट्रैफिक डायवर्जन:DDU आ कलेक्ट्रेट के तरफ ना जाई गाड़ी, निकाय चुनाव मतगणना के लेके बदलल बेवस्था
गोरखपुर में निकाय चुनाव के मतगणना के लेके ट्रैफिक पुलिस रूट डायवर्जन जारी कइले बा। ई डायवर्जन आज माने 13 मई के सबेरे 5 बजे से मतगणना खतम होखे तक लागू रही। एह दौरान गोरखपुर विश्वविद्यालय आ सदर तहसील के तरफ कवनो वाहन ना जाई। मतगणना में लगे अधिकारी, कर्मचारी, एजेंट आ सुरक्षाकर्मियन के वाहन निर्धारित पार्किंग स्थल में खड़ा होई।
एह रास्तन से मिली प्रवेश
- प्रत्याशी,एजेंट आ मीडियाकर्मियन के प्रवेश विश्वविद्यालय के प्राचीन इतिहास विभाग गेट से होई।
- मतगणनाकर्मी आ पुलिसकर्मी मुख्य गेट से विश्वविद्यालय परिसर में दाखिल होई लो।
- सब प्रकार के वाहनन के निकास मुख्य गेट से होई।
इहां खड़ा होई वाहन
- मतगणनाकर्मी आ पुलिसकर्मियन के वाहन संवाद भवन से हाइडिल तिराहा के बीच सड़क किनारे खड़ा होई।
- एजेंट आ मीडियाकर्मियन के वाहन इतिहास विभाग के सामने आ स्टेडियम के सामने खड़ा होई।
- प्रशासन आ पुलिस अधिकारियन के वाहन हेलीपैड के लगे खड़ा होई।
- सदर तहसील में जाये वाला मतगणनाकर्मी,मीडिया कर्मी, एजेंट आ पुलिस वालन के वाहन पुरान कलेक्ट्रेट परिसर में खड़ा होई।
एह रास्तन पs रही डायवर्जन
- छात्रसंघ चौराहा से विश्वविद्यालय के तरफ खाली मतगणनाकर्मी आ अधिकारियन के वाहन विश्वविद्यालय के तरफ आई।
- आयकर भवन तिराहा के तरफ से विश्वविद्यालय के तरफ खाली दु पहिया वाहन आई।
- जागरण तिराहा के तरफ से विश्वविद्यालय के तरफ खाली मतगणनाकर्मी आ अधिकारियन के वाहन जाई।
- रोडवेज के बस मोहद्दीपुर- पैडलेगंज होखत गंतव्य के ओर जाई।
- तमकुही तिराहा से कचहरी के तरफ खाली दु पहिया वाहन जाई।
- कचहरी चौराहा से खाली दु पहिया वाहनन के तमकुही आवे दिहल जाई।
Comments are closed.