पटना से भोजपुरी गायक संतोष रेणु गिरफ्तार: छपरा गोलीकांड पs देले रहे विवादित बयान

By Anurag Ranjan

Published on: May 29, 2024

पटना से भोजपुरी गायक संतोष रेणु के छपरा पुलिस मंगर गिरफ्तार कs लेले बिया। संतोष सोशल मीडिया पs छपरा गोलीकांड के लेके विवादित बयान देले रहे तब से पुलिस के ओकर तलाश रहे। पुलिस संतोष

Share

पटना से भोजपुरी गायक संतोष रेणु के छपरा पुलिस मंगर गिरफ्तार कs लेले बिया। संतोष सोशल मीडिया पs छपरा गोलीकांड के लेके विवादित बयान देले रहे तब से पुलिस के ओकर तलाश रहे। पुलिस संतोष के गिरफ्तार कs के छपरा ले गइल बिया।

संतोष रेणु यादव भोजपुरी गायक हs। ओकरा के आरजेडी से जुड़ल बतावल जा रहल बा। छपरा पुलिस पटना पुलिस के मदद से सिपारा 70 फीट इस्थित घर से ओकरा के गिरफ्तार कइले बिया।

संतोष का कहले रहे?

भोजपुरी गायक सारण से वर्तमान सांसद आ बीजेपी प्रत्याशी राजीव प्रताप रूडी के अपशब्द कहले रहे। उनकर मुंह तुड़े के धमकी देले रहे। संगही छपरा गोलीकांड पs कहले रहे कि संविधान बचावे खातिर जेतना शहादत देवे के होई हमनी के देम सs। हम आ हमरा समाज के लोग सीना टाइट कs के खड़ा बा।

धमकी देवे के आरोप

ओहिजा, संतोष रेणु यादव पs राजीव प्रताप रूडी जान से मारे के धमकी देवे के आरोप लगवले रहस। गौर करे आला बात बा कि सारण में 20 मई के मतदान के भड़कल हिंसा में चलल गोली से एगो जुवक के मौत हो गइल रहे। एकरा बाद जिला में पहिले दु दिन आ फेर अगिला दु दिन खातिर इंटरनेट बंद कs दिहल गइल रहे। एही गोलीकांड के बाद चुनाव आयोग सारण एसपी गौरव मंगला के चुनाव आयोग तबादला कs दs देले रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.