ई 5 गलती सुधारीं, ना त AC कबाड़ में बेचे के पड़ी, 99% लोग के नईखे पता

Minee Upadhyay

एसी के रखरखाव के टिप्स : हालांकि गर्मी के मौसम में कटौती कईल मुश्किल होला, लेकिन जदी आपके घर में एयर कंडीशनर (एसी) लागल बा त इ मौसम में आसानी से कट जाइ। हालांकि एह सब के बीच हमनी के एसी से जुड़ल छोट-छोट बात पे ध्यान देवे के भूला जानी जा, जवना के चलते एसी के जीवन कम होखे लागेला।
अगर आप बहुत दिन तक ए गलती के दोहरावत रहब त अंत में एसी बेकार हो जाला आ ओकरा के बदले के पड़ेला। तब ओकर मूल्य ओतने हो जाला जतना कबाड़। आई जानि जा कि एसी से जुड़ल कवन कवन गलती बा जवना के रउरा सुधार सकेनी।

•एसी फिल्टर के साफ ना कईल : बहुत लोग एसी फिल्टर के लंबा समय तक साफ ना करेले। अइसना में फिल्टर पे धूल जमा होखे के चलते एसी के हवा के प्रवाह कम हो जाला। एहसे ठंडा करे खातिर एसी कंप्रेसर पे लोड बढ़ जाला आ कमरा भी ठीक से ठंडा ना होखेला। अगर फिल्टर के समय पे साफ ना कईल गईल त कंप्रेसर के नुकसान हो सकता। एही से हर मौसम में एक बेर फिल्टर साफ करीं।

•लो टेम्प्रेचर के जादा इस्तेमाल: लोग अक्सर गर्मी से तुरंत राहत पावे खातीर सबसे कम तापमान के सेटिंगपेप एसी चलावेले। अयीसन कईला से कंप्रेसर पे अचानक दबाव आवेला। लंबा समय तक अयीसन कईला से एसी के ठंडा करे के दक्षता कम हो जाला।
•एसी के हमेशा चालू राखल : घर से बाहर निकलत घरी बहुत लोग बिजली के उपकरण बंद ना करेले। उ एसी के संगे भी अयीसने करेले। एसी के ठीक से काम करे खातिर ओकरा के कुछ आराम दिहल जरूरी बा। एकरा से आपके बिजली के बिल में भी कमी आई।


•खिड़की अउरी दरवाजा खुलल छोड़ल: एसी के ठंडा कईल निमन होखेला, एहसे जरूरी बा कि एसी चलावत घरी कमरा के दरवाजा आ खिड़की बंद रहे। जब दरवाजा खुलेला त एसी के हवा निकलत रहेला आ कूलिंग ठीक ना होला। एकरा चलते एसी पे लोड भी बढ़ जाला आ नुकसान के संभावना भी बढ़ जाला।
•पंखा के इस्तेमाल ना कईल : बहुत लोग एसी चलावत घरी छत के पंखा के इस्तेमाल ना करेले। अगर पंखा आ एसी दुनो के एक संगे इस्तेमाल कईल जाए त एसी के ठंडा हवा हर कोना में पहुंच जाला। एकरा चलते एसी पे जादा लोड ना होला आ एसी के कंप्रेसर बहुत दिन तक निमन रहेला।

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।