Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

टॉयलेट करत घरी जलन आ दरद होत बा,तs जानीं एकर का हs कारन आ ठीक करे के घरेलू उपाय

2,363

जाड़ा में लोगन के कम पानी पीएला के आदत होला । गरम चीजन के सेवन करे आ लिक्विड डाइट कम लेवे के वजह से कई बेर टॉयलेट में जलन के समस्या हो सकेला । रउरा कई बेर महसूस क‌इले होएब की यूरिन पास करत समय तेज जलन आ पेट के निचला हिस्सा में दरद के समस्या होखे लागी। अगर रउरा अइसन महसूस होत बा तs एकर कई गो कारन होला। कई बेर घंटन ले यूरिन के रोके रखले से अ‌इसन समस्या होला । जबे रउरा यूरिन पास करेनी तs जलन होखे लागेला । हालांकि अइसन बेर-बेर होला के‌हू के परेशानी हो सकेला। एसे आपके रोज के कामन पs असर पड़ सकेला । एs लिए जरूरी बा की आप समय रहते ए समस्या के सही कारन आ एके ठीक करे के घरेलू उपाय जान ले‌ईं।

दरअसल ज्यादातर मामिल में यूरिन रोकेले पs ही जलन आ दरद के समस्या होला । अगर रउरा ढेर समय ले टॉयलेट के रोकेनी तs ओसे यूरिन पास करे वक्त जलन आ दरद के समस्या होखे लागेला । जब रउरा बहुत अधिक समय ले टॉयलेट नाहीं जानी तs ओसे यूरिनरी ग्लैंड आ यूरेथ्रा में तेज जलन होखे लगेला ।

पेशाबी में जलन काहे होला?

अगर रउरा आपन सरीर आ मौसम के हिसाब से पानी नाहीं पीएनी तs पेशाब में जलन महसूस हो सकेला । एसे बचे के खातिर आपके रोजाना कम से कम 4-5 लीटर पानी जरूर पीए के चाहि। अगर आप बहुत ढेर तेल आ मिर्च, मसाला वाला खाना खानी तs यूरिन में जलन के समस्या पैदा हो सकेला । ऐसे रोज अइसन खाना से परहेज करीं।

जे लोगन के किडनी स्टोन यानि पथरी के समस्या होला उनकरा टॉयलेट करत समय दरद होला। अइसन में बेर-बेर पेशाब आवेला आ जलन होला ।

पेशाब में जलन रोकले के घरेलू उपाय

पर्याप्त मात्रा में पानी पिअल, नींबू पानी आ पुदीना अर्क कs सेवन करल डाइट में फल के जूस शामिल करीं ज्यादा से ज्यादा हरा सब्जी के सेवन करीं रोजना नारियल पानी पीं।

 

 

 

716540cookie-checkटॉयलेट करत घरी जलन आ दरद होत बा,तs जानीं एकर का हs कारन आ ठीक करे के घरेलू उपाय

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.