आजुए करीं नमक आ लौंग के इs उपाय, तेजी से होई बरकत, घरे मे धन आइल हो जाई सुरू

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 4, 2024

  Vastu Tips: वास्तु शास्त्र में आजु हमनी के बात क‌इल जाइ घर में प‌ईसा के प्राप्ति आ बरकत के बारे में। एगो सीसा के बरतन में आ कटोरी में तनी-सा मोटा नमक लेंई आ

Share

 

Vastu Tips: वास्तु शास्त्र में आजु हमनी के बात क‌इल जाइ घर में प‌ईसा के प्राप्ति आ बरकत के बारे में। एगो सीसा के बरतन में आ कटोरी में तनी-सा मोटा नमक लेंई आ उs कटोरी में नमक के साथे चार-पांच लौंग लेंई। एकरा के घर के कवनो एगो कोना में रख सकेनी ।इs उपाय के क‌इले से धन आवल सुरू हो जाई आ घर के चीजन में बरकत बनल रही। सीसा के कटोरा में नमक रखला से ज‌उने एक ओर घर में धन के कमी दूर होइ तs दूसरा ओर पूरा घर एक अलगे ही सुगंध से महक उठी आ घर में सुख-शांति बनल रही।

एकरा अलावा अगर बाथरूम संबंधी कवनो वास्तु संबंधी समस्या बातsत कटोरा में क्रिस्टल नमक लेके बाथरूम में कवनो अइसन जगही पs रख देंई जहवां पs कवनो के हाथ ओ पs ना पड़े आ कुछ दिन बाद कटोरा के नमक बदल देंई। वास्तु के अनुसार, यदि रउरा घर में कवनो सदस्य बीमार बा तs उs सदस्य के सुतला के कमरा में सिरहाने एगो कटोरा में सेंधा नमक के कुछ टुकड़ा रख देंई। बीमार व्यक्ति के सिरहाने पूरब दिसा के ओर रख देंइ। वास्तु में एs उपाय के बहुत कारगार बतावल ग‌ईल बा।

एकरा अलावा घरे से नकारात्मकता आ दरिद्रता के दूर करे खातीर नमक से पोंछा लगाई। इs उपाय के बीयफ़ें के छोड़के कुल दिन क‌इल जा सकेला। चुटकी भर नमक के पानी से पोंछा लग‌उले से घर में सकारात्मक ऊर्जा के संचार होला । एक‌रा साथे घर में समृद्धि आ संपन्नता बनल रही ।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.