14 फरवरी 2022 के राशिफल

Khabar Bhojpuri Desk

 

दिनांक- 14-02-2022    “श्री गणेश जी”

माघ शुक्ल पक्ष तिथि त्रयोदशी सोमार पुनर्वसु नक्षत्र

दिन में 11 बजके 24 मिनट ले आयुष्मान योग

रात 9 बजके 20 मिनट ले सोमप्रदोष

 

                                     बारहो राशि के राशिफल 

 

मेष– परिवार के काम में व्यस्तता रही। निजी सुख में बढ़न्ती होई, बाक़िर परिवार के लोगन से तनाव मिली। धीर राख़ के कइल गइल मेहनत सफल होई।

 

वृष– भाई-बहिन के सहजोग मिली। कइल गइल मेहनत सफल रही। धन के ममिला में बढ़न्ती होई। समाज के काम में रुचि रही। रचना के काम में मन लागि आ सफलता मिली।

 

मिथुन– जीवनसाथी के सहजोग रही। धरम-करम में बढ़न्ती होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होखी। दोस्ती के संबंध मीठ होई। रचना के कोसिस सफल रही।

 

कर्क– बेकार के खरचा पs लगाम लगावे के होई। सोध के दिसा में सफलता मिली। रोग भा विरोधी लो के हार मिली, धीर राख़ के काम करीं।

 

सिंह– धन-संपाति के पक्ष मजबूत होखी। बेवसाय के ममिला आगा बढ़ी। पढ़ाई-लिखाई के लेके चिंता हो सकेला।

 

कन्या– सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी, आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर खातिर जरूरी सामानन् में उमेद लेखा बढ़न्ती होई। सादी-सुदा जिनगी में तनाव आ सकेला।

 

तुला– बेकार के उलझन रही। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। आर्थिक ममिलन में बढ़न्ती होई। सासन आ सत्ता के सहजोग रही। रचना के काम आगा बढ़ी।

 

धनु- सवास्थ के लेके धेयान देला के जरूरत बा। बिना मन के जतरा भा बिना काम के परेसानी मिल सकेला। कइल गइल मेहनत फायदा दी। नाया काम के योजना बनी।

 

मकर– दोसरा से सहजोग लेला से सफलता मिली। धन के इस्तिथी में सुधार मिली। साही खरचा से बाँचे के होई। कवनो काम के पूरा होखला से आत्मविसवास बढ़ी।

 

कुंभ– ढेर दिन से उमेद लगावल काम में सफल होखला से आत्मविसवास बढ़ी। राजनैतिक सपना पूरा होई। जिनगी में आगा बढ़े के रस्ता मिली।

 

मीन– परिवार के जिनगी सुख से भरल रही। विरोधियन के हार मिली। धन-संपत्ति बढ़ी, आवाजाही रही। रचना के काम में सफलता मिली।

 

                                                      आचार्य पं॰ धनन्जय पाण्डेय 

                                                       वायक्र्णाचार्य, ज्योतिर्विद 

                                                       कर्मकाण्ड आदि विशेषज्ञ 

                                                            76075084170

                                                       पोखरभिण्डा, चौरीचौरा 

                                                                गोरखपुर। 

 

 

Share This Article